Dengue fever in Delhi, 36 cases on a single day

The dengue fever is again in prawl in Delhi and at least 36 new cases were diagnosed on Saturday itself taking the total tally to 384 this season.

पर साल एह सीजन में दिल्ली में नवे गो डेंगू के मरीज रहले जबकि एह साल ई गिनती ३८४ ले चहुँप गइल बा. आजु शनिचरे का दिने एके दिन में ३६ गो नया केस चिन्हाइल बाड़ी स. एह साल चार गो मौत डेंगू का चलते भइल बतावल जात बा जवना में तीन गो का बारे में स्वास्थ्य विभाग अन्तिम फैसला पर नइखे चहुंपल.

डेंगू बुखार मच्छर के काटला से होखेला एहसे भरसक मच्छरदानी का भीतर सुते के चाहीं आ तेज देह दर्द का साथे बोखार होखला पर तुरते डाक्टर से देखावल चाहीं. खराब केस में देह पर चकता निकले लागेला आ दर्द हड्डीतोड़ होखेला.

0 Comments