Hindu Missionary School gets death threat in Kandhamal

Inmates of a girls residential school, in Kandhamal of Orrissa, started by Swami Laxmananad have received death threats. Swami himself was brutally murdered in the area in 2008 which had resulted in large scale violance.

उड़ीसा के कंधमाल में स्वामी लक्ष्मणानन्द के शुरु कइल एगो बालिका विद्यालय के अध्यापकन आ कर्मचारियन के जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा. साल २००८ में स्वामी लक्ष्मणानन्द के जान से मार दिहल गइल रहुवे काहे कि ऊ गरीब हिन्दूवन के बरगला के ओकनी के धर्म बदले वालन के विरोध करत रहलें.

स्वामी का हत्या का बाद कंधमाल में बड़हन पैमाना पर हिंसा पसरि गइल रहुवे. हिन्दूवन के धर्मांतरण करावे में लागल ताकतन के पसन्द नइखे कि कंधमाल में कवनो हिन्दू आश्रम चलो. हालांकि सरकार एह धमकी में कवनो सांप्रदायिक रंग होखे से इन्कार कर रहल बिया तबहियो आश्रम के सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा.

0 Comments