अनेरियन से हाथ मिलइहें अब भजपो के अनेरिया
-


वाराणसी, 21 जून (वार्ता). प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के उनुका गढ़ में घेरे ला स्वघोषित अनेरिया गोल आआपा भाजपा के बागी सांसद शत्रुघ्न सिन्हा अउर पहिले वित्त मंत्री रहल यशवंत सिन्हा के आपन मंच मुहैया कराई.
आआपा नेता मुकेश सिंह बतावत बाड़न कि उनुकर गोल 25 जून का दिने बेनिया बाग के राजनारायण पार्क में एगो जनाधिकार रैली आ 26 जून का दिने वाराणसी से बलिया तक के पैदल यात्रा के आयोजन कइले बिया.
एह दुनु कार्यक्रम में शामिल होखे ला बिहार के सांसद शत्रुघ्न सिन्हा आ पहिले केंद्रीय मंत्री रहल यशवन्त सिन्हा का साथे रघु ठाकुर के नेवतल गइल रहुवे आ ई लोग पहिला दिन के कार्यक्रम में शामिल होखी. पैदल यात्रा में शामिल होखे के सहमति नइखे दिहले लोग.
कहलन कि एह रैली के आआपा के राज्य सभा सांसद संजयो सिंह संबोधित करीहें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts