अब नेतागिरी करीहें निरहुआ
-

सिनेमा भोजपुरी के जुबली स्टार दिनेश लाल यादव “निरहुआ’’ अब नेतागिरी करीहें. यू. पी. समेत देश के पाँच गो राज्यन में चुनावी सरगर्मी खतम होखला का बाद अब निरहुआ चुनावी शंखनाद करीहन. सोचत होखब कि चुनाव त बीत गइल अब कवना बाति के शंखनाद. त जान लीं कि निरहुआ के चुनावी शंखनाद जनता का मैदान में ना, बलुक सिनेमा के परदा पर होखे जा रहल बा.

अपना आवेवाली फिलिम “गंगा देवी’’ में निरहुआ के नेतागिरी करत देखीहें दर्शक. निरहुआ समाज के भठियरपन आ मौजूदा राजनीतिक हालात के पर्दाफाश करीहें एह फिलिम में. आ उनुकर नायिका बाड़ी पाखी हेगड़े. एह फिल्म में अमिताभ बच्चन, जया बच्चन, गुलशन ग्रोवर जइसन दिग्गज कलाकारो नजर अइहें.

बकौल निरहुआ उनुकर दिलचस्पी शुरूवे से राजनीति में रहल बा आ देश सेवा खातिर मौका मिले त ऊ असलियो जिनिगी में नेतागिरी कर सकेले.

निर्माता दीपक सांवत के एह फिल्म के निर्देशक अभिषेक चंडडा हउवन.


(प्रशांत निशांत के रपट से.)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts