आजु के खास खबर
-

(मंगल 6 सितम्बर)

  • मायावती के बयान पर विकीलीक्स संपादक जूलियन असांजे के टिप्पणी

    मायावती तार्किक सोच के त झूठलाइये दिहले बाड़ी. सवाल बा कि का ऊ दलितो के धोखा दे दिहले बाड़ी ?

    एह बात पर कवनो सवाल नइखे कि दस्तावेज अमेरिकी दूतावास के अधिकृत कागजात हउवे. एह कागजातन के सच्चाई पूरा दुनिया देख चुकल बा खास कर के वाशिंगटन जे पूरा ताकत लगा दिहलसि सजाय देबे खातिर. ओह कागजातन में लगावल आरोप अमेरिकी राजनयिकन के निजी पत्राचार ह जे ऊ हिलेरी क्लिंटन के भेजले. अगर मुख्यमंत्री मायावती के ओह सामग्री से कवनो शिकायत बा त उनुका हिलेरी से बात करे के चाहीं.

    मायावती आपन गलती मानसु आ हमरा से माफी माँगसु.

    अगर ऊ अइसन नइखी करत त ऊ हमरा के ले जाये खातिर आपन प्राइवेट जेट इंगलैण्ड भेजसु जहाँ हमरा के हमरा मर्जी का खिलाफ पिछला 272 दिन से घर में नजरबन्द कर के राखल बा. भारत के असाइलम, राजनीतिक शरण, सकार के हमरा बहुते खुशी होखी, भारत एगो राष्ट्र जवना के हम प्यार करेनी. बदला में आवत घरी हम मायावती खातिर इंगलैण्ड से बेहतरीन जूती लेत आएब.

    जूलियन असांजे. http://www.twitlonger.com/show/cu188c

  • राज्य सभा सदस्य आ समाजवादी पार्टी के महासचिव रहल अमर सिंह के आजु जेल भेज दिहल गइल.
  • विकिलीक्स के मालिक पागल ह : कहली मायावती.
  • सतीश मिश्रा मायावती के भ्रष्ट आ तानाशाह कहले रहले, विकीलिक्स के खुलासा. सतीश मिश्रा एह बाति के झूठ कहले.
  • अमरमणि अस्पताल से निकलला का बाद से गायब.
  • इंगलैण्ड का साथे दुसरका एकदिना मैच आजु. सचिन तेंदुलकर सिरीज से बाहर

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts