उत्तर प्रदेश के खबर, अतवार 4 सितम्बर का दिने
-
  • भोजपुरी फिलिमन में काम करे चार साल पहिले कानपुर से आइल भावना तिवारी आजु गोरेगाँव स्टेशन का लगे ट्रेन से गिर पड़ली जवना में उनुकर बांया हाथ कट गइल. हालही में भावना तिवारी के सुजीत पुरी का निर्देशन में बनत रंगीला राजा बाबू में दुसरकी हीरोइन बनावल रहे.
  • उत्तर प्रदेश में बांदा जनपद के नरैनी क्षेत्र से सत्तारूढ़ बसपा विधायक के घरे सामूहिक बलात्कार के शिकार भइल लड़िकी के सुरक्षा में कटौती कर दिहल गइल बा आ ओकरा गाँव से पीएसी कैंप हटा लिहल गइल बा.
  • उत्तर प्रदेश के बाराबंकी जिले में बसपा के एगो नेता आ जिला पंचायत सदस्य से भरल पंचायत में पिटईला से दुखी एगो लड़िकी खुद के आग लगा लिहलसि. 50 फीसदी जरल लड़िकी के लखनऊ ट्रामा सेंटर में इलाज हो रहल बा.
  • उत्तर प्रदेश के कांशीराम नगर जिला में मोबाइल चोरी के आरोप में एगो लड़िका के अइसन पिटाई कइलसि दू गो आदमी कि ओकर जान चल गइल. केस दर्ज हो गइल बा आ दुनु फरार बाड़े.
  • अन्ना हजारे से प्रेरित होकर उत्तर प्रदेश का मिर्जापुर में एगो स्कूल अपना विद्यार्थियन ला ‘अन्ना क्लास’ शुरू कर के एगो अनोखा पहल कइले बावे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts