के बनी करोड़पति खेले अइले गोविन्दा
-

बॉलीवुड के मशहूर सितारा गोविन्दा महुआ टीवी पर देखावल जा रहल गेम शो के बनी करोड़पति में एह शुक के खास मेहमान बन के अइहे आ हॉट सीट पर बइठ के शत्रुघ्न सिन्हा के सवालन के जवाब दीहें. एह शो में गोविन्दा के भरपूर मस्ती देखे के मिली. गोविन्दा बनारस के रहे वाला हउवन आ भोजपुरी, यूपी आ बिहार से उनकर नाता पुरान ह. खेल का बाद गोविन्दा के कहना रहल कि उनुकर मातृभाषा भोजपुरी ह आ ई खेल खेल के उनुका बहुते मजा आइल.

शो में गोविन्दा के एन्ट्री होखी “मैं आया तेरे लिये” गाना का साथ. खेल शुरु होखे से पहिलही गोविन्दा बता दीहें कि ऊ जवन पुरस्कार एहिजा से जीतीहें ऊ सगरी निर्मला देवी अरुण कुमार ट्रस्ट के दे दिहल जाई. ई ट्रस्ट गोविन्दा के माता पिता का नाम पर बनल बा.

पूरा शो का दौरान गोविन्दा शत्रुघ्न सिन्हा के आवाज के नकल करत रहि गइलन आ उनुकर डायलाग सुनवलन. जइसे कि “वे आयें तो कह देना कि छेनू आया था”, वगैरह. खेल का दौरान स्टेज पर गोविन्दा आपन कई गो संस्मरण सुनवलन आ शत्रुजी का साथे अपना अनुभव के दर्शकन से शेयर कइले.

के बनी करोड़पति के प्रसारण सोमार से शुक ले रात नौ बजे से शुरु होला. हर हफ्ता शुक का दिने कवनो ना कवनो खास मेहमान होले हॉट सीट पर.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

3 Comments

  1. punam singh

    आज त बहुत मजा आवेवाला बा .
    पूनम

    Reply
  2. Antesh Sharma

    Hamahu bihar shiwan se bani aur ham gobinda ji se milal chahat tani

    Reply
  3. Antesh Sharma

    Please gobinda sir mai kabhi bambe ayenge to aap se ham jarur milenge

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts