हम त अबहीं सिखते बानी – प्रकाश अवस्थी

छत्तीसगढ़ी फिलिमन में आपन बादशाहत देखा के भोजपुरी में आपन परचम लहरावे मुंबई आइल छतीसगढ़ी स्टार प्रकाश अवस्थी के कहना बा कि अभिनय के दायरा बहुते बड़हन होला आ उनका लगे त खुला आसमान बा त फेर काहे ना आपन उड़ान बरकरार राखसु! कहलन कि सिनेमा भोजपुरी के कैनवास छतीसगढ़ी फिलिमन से बहुते बड़हन बा एहिजा शायद उनका आपन अदाकारी देखावे के कोशिश कुछ हद ले तृप्त हो पाई. बाकिर प्रकाश अवस्थी के मानना बा कि इंसान ता उम्र कुछ ना कुछ सिखते रहेला आ ऊ त अबही सिखते बाड़े. कहलन कि खुद के साबित करे के मौका मिलत रहे त आदमी के संतुष्टी मिलेला.

हिन्दी सिनेमा के आपन लक्ष्य बतावत प्रकाश अवस्थी कहलन कि देश में हिन्दी का बाद भोजपुरिए सिनेमा के बाजार बा. अगर एहिजा अपना के साबित करा दिहलन त आगे क राह अपने आप खुले लागी. अबहीं ले दू गो भोजपुरी फिलिमन में काम कर चुकल प्रकाश के कहना बा कि बतौर मुख्य अभिनेता काम करे ला फिलिमन के चुने आ अपना अभिनय में विविधता बनावे रखला पर ध्यान दिहल जरूरी होला. भोजपुरी में इनकर पहिला फिल्म रहे ’चिंगारी’ जवना में इनकर नायिका रहली रानी चटर्जी. एकरा बाद आइल मोनालिसा क साथे ’मेहरारू बिन रतिया कइसे कटी’. अब मोनालिसा आ कोमल ढिल्लो का साथ ’लागल बा प्यार के बुखार’ में प्रकाश दुतरफा इश्क फरमावत लउकीहें, ’टीप टॉप लैला अंगुठा छाप छैला’ में शिखा के साथ रोमांस करीहें.


(दिनेश यादव)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।