केतन मेहता का फिल्म “बियोंड” में पंकज केसरी
-

मंगल पाण्डेय, माया मेम साहब, आर या पार, रंगरसिया जइसन फिल्म बना चुकल हिंदी फिल्म जगत के प्रसिद्द निर्देशक केतन मेहता बतौर निर्माता अपना अगिला फिल्म में भोजपुरी फिल्मन के जानल मानल अभिनेता पंकज केसरी के मुख्य भूमिका खातिर चुनले बाड़न. केतन मेहता आ मोहन नाडर के कंपनी माया लाईट हाउस का बैनर तले बने वाली एह फिल्म “बियोंड” के निर्देशक बाड़े प्रभाकर मीना पंत. कमे समय में भोजपुरी फिल्म जगत में आपन मुकम्मल जगह बना चुकल पंकज केसरी भोजपुरी फिल्मन का साथ साथ दक्षिणो भारतीय फिल्मन में खासा व्यस्त बाड़े. अमिताभ बच्चन, रजनी कान्त के लेके दर्ज़नो फिल्म बना चुकल श्री राघवेन्द्र फिल्म्स जब भोजपुरी फिल्म निर्माण का क्षेत्र में कदम रखलसि त उहो अपना फिल्म “प्यार जिंदाबाद” खातिर पंकजे केसरी के चुनलन. इहे ना, पंकज केसरी एह घरी भोजपुरी सिनेमा के बहते व्यस्त सितारन में गिनल जाले. केतन मेहता जइसन बड़हन निर्माता निर्देशक का साथे काम कइल भोजपुरी के कवनो सितारा आ भोजपुरी फिल्म जगत खातिर गौरव के बात बा.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts