छठवाँ भोजपुरी फिल्म अवार्ड समारोह १४ अक्टूबर के
-

भोजपुरी फिल्म जगत के सबसे प्रतिष्ठित अवार्ड “भोजपुरी फिल्म अवार्ड” के छठवाँ समारोह खातिर जूरी सदस्य आ पुरस्कार श्रेणी में चुनाइल फिलिमन के घोषणा कर दिहल गइल बा. मुंबई में आयोजित एगो संवाददाता सम्मलेन में अवार्ड समिति के संस्थापक अध्यक्ष विनोद गुप्ता ई घोषणा कइलन.

एह साल चयन प्रक्रिया में कुछ बदलाव भइल बा. पहिला बेर पुरस्कार समिति के जूरी सदस्यन के नाम के घोषणा कइल गइल. जूरी के छह सदस्यन के नाम बा के.पी.निगम, असीम सिन्हा, राज सिंह चौधरी, अमिताभ वर्मा, मिश्रा जी आ आशुतोष. अवार्ड संचालन के जिम्मा सम्हरले बाड़न स्वरुप फिल्म्स के पुनीत केला.

१४ अक्टूबर के गोरेगांव स्पोर्ट्स क्लब मुंबई में होखे जा रहल एह समारोह में सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के श्रेणी में रवि किशन दू गो फिलिमन खातिर, निरहुआ दू गो फिलिमन खातिर आ पवन सिंह के नाम एगो फिलिम खातिर नामांकित भइल बा. सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री खातिर रानी चटर्जी आ पाखी हेगड़े के दू दू गो फिलिम आ स्वीटी छाबड़ा के एगो फिलिम के नामांकित कइल गइल बा.

बेस्ट फिल्म खातिर रवि किशन के “चंदू की चमेली” आ “देवरा बड़ा सतावेला”, निरहुआ के “रणभूमि” आ “सात सहेलियां” आ प्रवेश लाल यादव के “दिल” शामिल बा.


( स्रोत : उदय भगत, प्रशान्त निशान्त आ संजय तिवारी)

0 Comments

Recent Posts