छमिया भेलवाली के संगीत मुहूर्त
-


श्री साई श्रद्धा मूवी बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘‘छमिया भेल वाली’’ के संगीत मुहुर्त ए. बी. स्टूडियो चार बंगला म्हाड़ा, अंधेरी (पश्चिम), में जानल मानल अभिनेत्री पुष्पा वर्मा के हाथों नारियल फोड़वा के कइल गइल. फिल्म के निर्माता हउवन सतीश शर्मा आ निर्देशक हउवन चांद मेहता. एह फिल्म से एगो नवोदित अभिनेता जयेश के लांच कइल जात बा. फिल्म जल्दिये शूटिंग फ्लोर पर जाई.

संगीतकार सिद्धार्थ, गीतकार दिनेश चक्रवर्ती, पटकथा आ संवाद लेखक तेजस अखौरी, नृत्यनिर्देशक श्रवण ठाकुर आ जे. डी., मारधाड़ मास्टर दर्शन सिंह, छायांकनकर्ता अशोक चक्रवर्ती, कला निर्देशक लालजी भाई आ कार्यकारी निर्माता दिनेश चक्रवर्ती हउवें. गायक हउवें मनोज मिश्रा, रितु पाटक आ इंदू सोनाली.

फिल्म के कलाकारन में नवोदित जयेश, मोनालिसा, अनारा गुप्ता, सुरेन्द्र पाल, उपासना सिंह, के. के. गोस्वामी, संजय पाण्डेय, पुष्पा वर्मा, रामआसरे, मेहनाज, सुरेश चौधरी, अरूण सेरी आ माखन पाण्डेय वगैरह के नाम शामिल बा.


(दिनेश यादव के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts