ड्रीम गर्ल कल्पना साह के भीमा के शूटिंग नैनीताल में
-


नैनीताल में हो रहल कवनो भोजपुरी फिल्म के पहिला शूटिंग में लोग भीड़ लगवले बा. कल्पना साह अभिनीत भोजपुरी फिल्म “भीमा” में नैनीताल के कालाढूंगी निवासी मयंक मेहरा मुख्य कलाकार का भूमिका में बाड़े. निर्देशक संजय श्रीवास्तव के कहना बा कि दू गो ठाकुरन के आपसी लड़ाई देखावे वाली एह फिल्म में एक्शन आ कॉमेडी भरपूर देखे के मिली. कामेडियन के भूमिका करत बाड़े इलाहाबाद के राम सिंह आ खलनायक का भूमिका में बाड़े गिरीश शर्मा आ हरिओम पराशर. मशहूर टेली धारावाहिक “महाभारत” में गुरु द्रोणाचार्य के भूमिका करे वाला सुरेन्द्र पाल एह फिल्म में ठाकुर विक्रम सिंह बनल बाड़े.
खुशी युवा फिल्म का बैनर में बने वाली फिल्म “भीमा” के निर्माता हउवें उमेश सिंह मेहरा, लेखक संतोष कश्यप, संगीतकार प्रशान्त सिंह, एक्शन मास्टर जेम्स, नृत्य निर्देशक महादेवन, छायाकंन शकील खान, आर्ट निर्देशक अशोक पंडित आ प्रोडक्शन शिवा सिंह. फिल्म के मुख्य कलाकारन में मयंक मेहरा, कल्पना साह, राम सिंह, सृष्टि, सुरेन्द् पाल, गिरीश शर्मा, हरिओम पराशर, अल्पना पचोरी आ संध्या सुमन वगैरह शामिल बाड़े. शूटिंग १५ अप्रेल तक चले वाला बा.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts