दिलजले के पोस्ट प्रोडक्शन काम तेजी पर
-

भोजपुरी के सबले सफल निर्माता रामाकान्त प्रसाद के नयकी भोजपुरी फिल्म “दिलजले” के शूटिंग पिछला दिने मुंबई का लोकेशन पर पूरा कर लिहल गइल आ अब ओकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम तेजी से चल रहल बा. कुमारी माई मूवीज आ आदिशक्ति इन्टरटेनमेंट का बैनर में बनत एह फिल्म में भोजपुरी के बादशाह सितारा दिनेशलाल यादव निरहुआ, एक्शन स्टार विराज भट्ट, रानी चटर्जी, बालि, स्वाति वर्मा, आनन्द मोहन, संतोष श्रीवास्तव, रीतू पाण्डे, महेश राज, दीपक भाटिया, गोपाल राय, नन्हे, गोलू, पुष्पा वर्मा, संजय पाण्डेय, आ नीरज पोड्याल का साथेसाथ श्रीकंकनी आ आयटम डान्सर सीमा सिंह शामिला बा लोग. गीत अशोक कुमार दीप आ प्यारेलाल यादव के, संगीत अशोक कुमार दीप के, कहानी आरएस मिश्र के लिखल, कैमरा अवधेश के, नृ्त्य निर्देशन कानू मुखर्जी, बाली, आ संजय मास्टर के, आ फाइट निर्देशन रेयाज सुल्तान के बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts