दिल्ली में भूकंप
-

(बुध 7 सितम्बर)

  • दिल्ली में आइल झटका का बारे में पहिले मिलल खबर में रिचर स्केल पर भूंकप के तीव्रता 6.6 बतावल गइल रहे जवन भयंकर भूकंप में आवेला. बाद में कहल गइल कि रिचर स्केल पर एकर तीव्रता 4.2 रहल जवन एकरा के भूकंप ना कहिके झटका बतावत बा आ एहमें जानमाल के नुकसान के अनेसा कम रहेला.
  • दिल्ली में अबही थोड़ देर पहिले भूकंप के तेज झटका आइल. अबही जानमाल के नुकसान के खबर नइखे मिलल.
  • पूरा उत्तर भारत में भयंकर भूकंप आइल बा. करीब आधा घंटा पहिले रात एगारह बजे के आसपास कई जगह से भूकंप के झटका महसूस होखे के खबर आवे लागल बा. झटका करीब तीन से पन्द्रह सेकेण्ड ले रहे के चरचा बा. रिचर स्केल पर एह भूकंप के तीव्रता ६.६ बतावल जात बा जवन भूकंप के भयावहता बतावत बा. अबही लिखत घरी ले कहीं से कवनो जान माल के नुकसान के खबर नइखे आइल. दिल्ली में लोग अपना अपना घर से बाहर भाग निकलल. राममनोहर लोहिया अस्पताल में लोग समुझल कि फेर कवनो बम फाट गइल.

    नुकसान के खबर दू से तीन घंटा में मिलल शुरु हो सकेला. काहे कि रात के समय बा आ खबर के प्रवाह होखे में समय लागी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts