नीतीशो के मामिला में सीबीआई के दुरूपयोग के अनेसा जतवलसि भाजपा
-

चारा घोटाला मे आरोपन के सामना करत बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार का बारे मे अदालत में दाखिल होखे वाला सीबीआई के हलफनामा पर भाजपा के अनेसा बा कि कहीं एकरो हाल उहे मत हो जाव जवन कोयला मामिला मे उच्चतम न्यायालय मे प्रधानमंत्री के बारे मे दाखिला हलफनामा जइसन मत हो जाव.
झारखंड उच्च न्यायालय सीबीआई से चारा घोटाला मे नीतीश कुमार आ उनुका पार्टी के राज्यसभा सांसद शिवानंद तिवारी के भूमिका का बारे मे 22 नवम्बर के हलफनामा दाखिल करे के कहले बावे. भाजपा के राष्ट्रीय महासचिव राजीव प्रताप रूडी आजु कहलन कि जवना तरह से कांग्रेस आ नीतीश के नजदीकी बढ़त बावे ओहसे अनेसा बनत बा कि कहीं नीतीशो के बचावे ला सीबीआई के दुरुपयोग मत होखे.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts