पूनम दूबे अब लोग के दिवाना बनइहन
-

PunamDubey
भोजपुरी सिनेमा के नइकी सनसनी बन के उभरल अदाकारा पूनम दुबे अपना फिलिम ‘दिवाना २’ से दर्शकन के दिल पर राज करीहें.

पूनम दूबे आजकल जतना फिलिम करत बाड़ी सभकर नाम रोमांटिके बा. जइसे कि प्यार किया तो डरना क्या, इश्कबाज, दिवाना टू, अउर जो जीता वही सिंकदर. पूनम के कहना बा कि नाम त निर्माता फाइनल करेले आ एहमें उ कुछ ना कर सकसु.

पूनम के एगो अउर फिलिम के शूटिंग होखे वाला बा. एकर नाम ह दिल तेरा आशिक. एहमें नायक बाड़न चर्चित अभिनेता आ एह साल के सुपर स्टार राकेश मिश्रा. अतुल मिश्रा के बनावल आ निर्देशितो एह फिलिम से पूनम दूबे बहुते उछाह में बाड़ी.

पूनम दूबे खेसारीलाल यादव संगे के फिलिम ‘जो जीता वही सिकंदर’ के शूटिंग क लिहले बाड़ी. ‘प्यार किया तो डरना क्या’ फिलिम में फाईनेंसर दुर्गा प्रसाद मजूमदार, भोजपुरी सिटी के किसन खदरिया आ मशहूर निर्माता निर्देशक रमाकांत प्रसाद तीनो जने शामिल बाड़न. एहमें मुख्य भूमिका राकेश मिश्रा, काजल राधानी अउर पूनम दूबे के बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts