बक्सर के नाम चमकावत बाड़न विशाल तिवारी
-

VishalTiwary-Ladaiबक्सर के माटी के लाल विशाल तिवारी अपना अभिनय प्रतिभा से बक्सर, बिहार के नाम चमकावत बाड़न. एनिए रिलीज अपना फिलिम ‘लड़ाई’ के मिलल सफलता से विशाल बहुते खुश बाड़न कि उनका सिनेमा प्रेमियन के नेह छोह खूब मिलत बा.

फिलिम के प्रोमोशन करे ला विशाल तिवारी जहँवे गइलन लोग अपना बीच इनका के देख बहुते खुश भइल. फिलिम में इनका अदाकारियो के लोग खूबे सराहत बा.

एकरा पहिले रिलीज ‘भाई जी’ आ ‘चरणों की सौगंध’ फिलिमो के बड़हन सफलता मिलल रहुवे आ अब ‘लड़ाई’ फिलिमो सफल फिलिमन के कतार में शामिल हो गइल बा. दर्शकन से भरपूर प्यार पा के खुश विशाल अपना प्रशंसकन के आभारी जतावत कहत बाड़े कि रउरा सभे एही तरह हमरा के प्यार देत रहीं आ हम नीमन फिलिम ले के आवत रहब.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts