बिहार के खबर, बुध 31 अगस्त का दिने
-
  • बुध का दिने अभयानंद बिहार के नयका पुलिस महानिदेशक के काम सम्हार लिहले.
  • बिहार के सत्तारूढ़ भाजपा विधायक राणा गंगेश्वर सिंह के बोलेरो गाड़ी विधायक फ्लैट से चोरी हो गइल बा. पुलिस गाड़ी खोजे में लागल बिया.
  • पुलिस अधीक्षक का बाद अब पटना के जिलाधिकारी के धमकी मिलल.

    पटना, 31 अगस्त (आईएएनएस). पटना के नगर पुलिस अधीक्षक (मध्य) शिवदीप लांडे का बाद अब पटना के जिलाधिकारी संजय कुमार सिंह के फोनकर के जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा. फोन करे वाला आदमी कहलसि कि ट्रांसपोर्टर रविकांत हत्याकांड के आरोपी कुंदन सिंह के फाइल बंद कर द ना त उड़ा दिहल जइबऽ. कहलसि कि ऊ मुंगेर से बोलत बा.

    एहसे पहिले शनिचर का दिने एगो आदमी अपना के मुंगेर के नक्सली कमांडर बतावत शिवदीप लांडे के फोन करके कहले रहे कि कुंदन सिंह मामिला पर ध्यान दिहल छोड़ द ना त तोहरा के मार दिहल जाई.

    जान लीं कि श्रीकृष्णा रथ बस के मालिक रविकांत के हत्या के मामिला में मुख्य आरोपी कुंदन सिंह के दिल्ली से गिरफ्तार कइल गइल रहे.
    इंडो-एशियन न्यूज सर्विस

  • बिहार में मुख्यमंत्री साइकिल योजना से स्कूल में विद्यार्थियन के संख्या त बढ़ले बा अब राज्य में साइकिल कारोबारो में बढ़ोतरी देखल जात बा. कई गो कंपनी बिहार में साइकिल उद्योग लगावल चाहत बाड़ी सँ.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts