बड़का बैनर्स खोजे लगलन खेसारीलाल के
-

सिनेमा भोजपुरी के नयका सुपरस्टार खेसारीलाल यादव अब भोजपुरी के सगरी बड़हन बैनरन के पहिला पसंद बन गइल बाड़े. आ करीब सभका फिलिम में आवहु लागल बाड़े मुख्य भूमिका में. आलोक कुमार के फिल्म ‘‘साजन चले ससुराल’’ से अपना फिल्म कैरियर के शुरूआत करे वाला खेसारी के पहिलके फिलिम के मिलल रिकार्ड सफलता स्टार बना दिहलसि. अब खेसारीलाल के नया फिलिम “देवरा पर मनवा डोले” मई में रिलीज होखे वाली बा. एकरो निर्माता आलोक कुमार हउवें.

पिछला महीना खेसारी के “जान तेरे नाम” रिलीज भइल. निर्माता निर्देशक रामाकांत प्रसाद के ई फिलिम एह साल के सबले बड़का हिट बन के उभरल बिया. अब खेसारी रामाकांत प्रसाद के अगिलको फिलिम में नजर अइहें. राजेश पप्पू के बनावल ‘‘दिल ले गईल ओढनियावाली’’ फिलिमो में खेसारीलाल नायक बाड़. गब्बर सिंह फेम निर्माता महेश-मुकेश पाण्डेय के ‘‘सपूत’’ आ निर्देशक अशोक कुमार दीप के ‘‘लाल दुपट्टा मलमल का’’ फिलिमो में खेसारी शामिल बाड़े.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts