मामिला से आरोपियन के नाम हटवला खातिर एस.ओ. निलम्बित
-

देवरिया जिला में दोसरा जिला के एगो विधायक समेत चार गो आरोपियन के नाम हत्या के मामिला से हटावे का आरोप में तरकुलवा के थाना प्रभारी जय सिंह के निलम्बित करत उनका पर मामिला दर्ज करे के आदेश दिहले बाड़ें पुलिस अधीक्षक.

पिछला 25 अप्रैल के साँझ एगो बी.डी.सी. सदस्य के गोली मारके हत्या कर दिहल गइल रहे. एह हत्या में बसपा से विधायक रहल प्रमोद सिंह समेत आठ जने का खिलाफ मुकदमा दर्ज भइल रहे.

जांच के दौरान तब गौरीबाजार के थाना प्रभारी आ हाल में तरकुलवा के प्रभारी जय सिंह केस डायरी अपना लगे राख के मामिला में से विधायक रहल प्रमोद सिंह, राजेन्द्र सिंह, मालती सिंह, आ जेल में बंद सुदीप सिंह के निर्दोष मानत हत्याकांड से नाम हटा दिहले.

बतावल गइल बा कि जय सिंह गोरखपुर जिला मे तैनाती के दौरान ओहिजा के केस डायरी के देवरिया के एह मामिला में इस्तेमाल कर के आरोपियन के फायदा चहुँपवले रहन जबकि उनका उ केस डायरी गोरखपुर मे जमा कर दिहल चाहत रहुवे.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts