मौर्य एक्सप्रेस में लागल बिजली के इंजन, देखे खातिर हुजूम
-

काल्हु अतवार का दिने जब हटिया से गोरखपुर जाए वाली मौर्य एक्सप्रेस में बरौनी से बिजली इंजन जोड़ल गइल त राह में एकरा के देखे वालन के हुजूम लाग गइल. पहिला बेर एह रूट पर बिजली इंजन वाली रेल चलल.
बिजली इंजन का बल पर मौर्य एक्सप्रेस मुजफ्फरपुर से हाजीपुर जाए में महज 45 मिनट लिहलसि जबकि डीजल इंजन एह दूरी ला डेढ़ घंटा लेत रहुवे.
अबहीं इंजन के कमी का चलते वापसी में बिजली इंजन ना लाग सकल बाकिर बतावल जात बा कि अब मंगल से अप आ डाउन दुनू में बिजली इंजन लागे लागी.
इहो बतावल जात बा कि अब एह रूट पर अउरिओ रेलगाड़ियन में बिजली इंजन लगावे के इंतजाम करत बिया रेलवे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts