रमाकांत प्रसाद ले आवत बाड़े "जान तेरे नाम"
-

“लागल रहऽ ए राजा जी”, “दीवाना”, “दाग”, “दिलजले”, लड़ाई लऽ अंखिया”, “बारूद’’ आ हालही में रिलीज “खून पसीना” जइसन सुपरहिट फिलिम देबे वाला निर्देशक रमाकांत प्रसाद अब भोजपुरी परदा पर एगो रोमांटिक एक्शन फिल्म “जान तेरे नाम’’ ले आवे जात बाड़न.

आदिशक्ति इंटरटेनमेंट आ सीता आर्ट्स प्रस्तुति कुमारी माई मूवीज के बैनर तले बनत एह फिल्म में भोजपुरी स्टार खेसारीलाल यादव, विराज भट्ट, तनुश्री चटर्जी, प्रिया शर्मा, नीरज पौडेल, मनीष चतुर्वेदी, देव सिंह, धामा वर्मा आ ब्रजेश त्रिपाठी के प्रमुख भूमिका बावे,

गीतकार अशोक कुमार दीप, ब्रजेश पाण्डेय अउर प्यारेलाल यादव. संगीतकार अशोक कुमार दीप, लेखक मनोज के. कुशवाहा.

अबहीं फिल्म के पोस्ट प्रोडक्शन चलत बावे.


(प्रशांत निशांत के रपट से.)

0 Comments

Recent Posts