रिंकू घोष सिलवासा में
-

सिनेमा भोजपुरी के ड्रीम गर्ल रिंकू घोष क बारे में कहाला एक बेर उनुका से बतिया लीं, उनुका साथे चाय पी लीं त फेर सगरी जिनिगी खातिर उनकर प्रशंसक बन जाएब. शूटिंग में सबले पहिले चहुँपे वाली भोजपुरी के नंबर वन अदाकारा रिंकू घोष ने पिछला दिने भोजपुरी सुपर स्टार दिनेश लाल यादव क साथे असलम शेख निर्देशित फिल्म ‘रखवाला’ के शूटिंग जौनपुर में कइला का बाद सीधे सिलवासा गइली जहाँ ऊ भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन क साथे फिल्म ‘साली बड़ी सतावेली’ क शूटिंग करत बाड़ी. मेगास्टार मनोज तिवारी का साथे उनकर ‘अंधा कानून’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा.

रिंकू घोष ओह गिनल चुनल अदाकारा में से हई जे अपना गंभीर अभिनय प्रतिभा ला जानल जाली सेक्सी लुक, ग्लैमर, आ बोल्ड किरदार त बोनस में बा उनुका लगे. आ एने त ऊ कई मायने में जोरदार सफल रहल बाड़ी. फिल्म ‘बिदाई’ खातिर बेस्ट एक्ट्रेस क अवार्ड मिलल त दिनेश लाल यादव संगे ‘सात सहेलियां’, रवि किशन संगे ‘बलिदान’, पवन सिंह संगे ‘गठबंधन प्यार के’ आ मनोज तिवारी संगे फिलिम ‘अंधा कानून’ से लाईम लाईट में बाड़ी. अब त ऊ सिनेमा भोजपुरी में पूरा से रम गइल बाड़ी. एह साल रिंकू के शानदार आगाज ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ से भइल जवन सगरी जगहा सुपर हिट साबित भइल.

रिंकू घोष के ग्लैमरस लुक पर हर दर्शक फिदा हो गइल बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts