सुप्रेरणा सिंह के मुकाबला खुद अपने से बा
-

बेहद सादगी भरल सुन्दरता के प्रतिमा आ अपना अभिनय कला से सभके दीवाना बना देबे वाली अदाकारा सुप्रेरणा सिंह अबले दर्जनों हिट फिलिमन के हिस्सा बन चुकल बाड़ी, दक्खिन भारत के एह सफल अदाकार के कायल निर्माता, निर्देशक, टेक्नीशियन समेत दर्शको हो गइल बाड़ें. अब ओही सुप्रेरणा क मुकाबला खुद से होखे जात बा काहे कि 15 जून से बिहार में उनुकर दू गो फिलिम संगही रिलीज भइल बा दुनु में उनुकर अभिनय लाजवाब बा. एहमें एक फिल्म निर्माता-निर्देशक रमाकान्त प्रसाद के ‘जानवर’ आ दुसरकी निर्माता रितेश ठाकुर के फिल्म ‘कलुआ भईल सयान’ हवे. अब सुप्रेरणा सिंह के चाहे वाला एह में अझूराइल बाड़ें कि पहिले कवन फिलिम देखल जाव.

सुप्रेरणा सिंह के अउरीओ कई गो फिलिम रिलीज का तइयारी मे बाड़ी सँ जवना में ‘गज़ब सीटी मारे सैयां पिछवारे, ‘राम रहीम के नाता’, ‘हिम्मत वाला’, ‘ज्वाला’ आ ‘दलाल’ वगैरह के नाम शामिल बा.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts