केकर केकर लीहीं नाँव, कमरी ओढ़ले सगरी गाँव

by | Jan 6, 2011 | 0 comments

बिहार में एगो विधायक के हत्या आ यूपी में एगो नाबालिग लड़की से बलात्कार के आरोप बसपा विधायक पर लगला का बाद ढेरे नाम सामने आवे लागल बा. बुझात बा जे जनप्रतिनिधि होखला का मतलवब हो जाला छूट्टा साँढ़ लेखा घूमे के आ जवने बधार मिले ओकरा के चर जाये के. पुरनका लोग के कहानी छोड़ दीं आ कुछ प्रेमकथा के बिसरा दीं त जवन नाम सबले आगे आवत बा ऊ बा अमरमणि त्रिपाठी के. मधुमति नाम के एगो कवियित्री के अपना प्रेम जाल में फँसवले, फेर जब ऊ गर्भवती हो गइल त ओकर हत्या करा दिहल गइल. बाकिर मधुमति के बहिन ओकर लड़ाई लड़लसि आ अमरमणि अपना बियाहल बीबी समेत जेल का सलाखन का पाछा चल गइलें. फैजाबाद मिल्कीपुर के विधायक आ मंत्री रहल आनन्द सेन के नाम शशि नाम के लड़की के प्रेमप्रसंग में सामने आइल. शशि के हत्या कर दिहल गइल आ मामिला दोषा दोषी से आगा नइखे बढ़ल. अगर विधायक, सांसद आ रसूखवालन का खिलाफ आम आदमी के शिकायत के सही सुनवाई होखे लागित त पूर्णिया के भाजपा विधायक के हत्या ना भइल रहीत. उनकर हत्या करे वाली महिला उनुका पर आपन यौन शोषण के आरोप लगवले रहुवे जवना के
सही सुनवाई ना भइल आ ऊ कानुन अपना हाथ में ले लिहलसि. विधायक के हत्या पर त ढेर हल्ला मचल बा बाकिर कहीं आरोप लगावे से पहिले ओह महिला के हत्या हो गइल रहीत त सब कुछ तोपाइल लुकाइल रहि जाइत. जइसे कि मेरठ के एगो मस्टराइन कविता चौधरी के हत्या के मामिला के कवनो नतीजा ना निकलल. जबकि ओहमें नाम आइल रालोद के मेराजुद्दीन के, तब के मंत्री किरणपाल सिंह के आ चौधरी बाबूलाल के. बाकिर केहू के कुछ ना बिगड़ल. केहू ….. ना कबार पावल. बुलंदशहर के डिबाई से बसपा विधायक भगवान शर्मा उर्फ गुड्डू पंडित, बदायूं के विधायक योगेन्द्र सागर, मत्स्य विकास निगम के चेयरमैन राममोहन गर्ग वगैरह कई जने बाड़न जिनका पर आरोप लागल बाकिर कुछ ना हो सकल. नया नया मामिला नरैनी के बसपा विधायक पुरुषोत्तम द्विवेदी के बा जिनका पर एगो लड़की के बलात्कार के आरोप बा. यूपी सरकार के आपत्ति एह पर रहल कि ओह लड़की के दलित काहे बतावल गइल जबकि ऊ पिछड़ा समुदाय के हिय आ अब पुलिस के कहना बा कि ओह लड़की का साथे बलात्कार भइलही नइखे. विधायक जी के दावा बा कि ऊ ओह लायक हइये नइखन आ एकर डाक्टरी जाँच करावल जा सकेला. कुछ नाम सामने आइल बा कुछ नाम अबहियो लुकाइल तोपाइल होखी. भोजपुरी के कहावत कि, “केकर केकर लीहीं नाँव कमरी ओढ़ले सगरी गाँव”, एह तरह के बाति पर सटीक बइठत बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up