फिलिम में काम करे के मन बा त रंगबाज देखऽ

अब सिनेमाहाल में से सिनेमा के कलाकार खोजल जइहे. पहिले नयका कलाकारन के खोज आडिशन से होत रहल बाकिर अब रंगबाज फिल्म से एगो नया शुरुआत कइल जा रहल बा. फिल्मकार हैदर काजमी ई तरीका निकलले बाड़न. अंडरवर्ल्ड पर बनल फिलिम पथ आ अवार्ड जीतल फिलिम कजरी के निर्माता हैदर काजमी के नयका फिलिम रंगबाज २९ जुलाई से बिहार में रिलीज होखे जा रहल बा. अपना अगिला फिलिम कालिया खातिर कलाकार खोजे बदे हैदर काजनी तय कइले बाड़न कि ई तलाश रंगबाज देखावे वाला सिनेमाघरन में कइल जाई. दर्शकन से रंगबाज का बारे में पाँच गो सवाल कइल जाई जवना के सही जबाब देबे वाला के स्क्रीन टेस्ट मुफ्त करावल जाई. सवाल के जबाब देत घरी दर्शक का लगे फिलिम के टिकिट मौजूद रहे के चाहीं. स्क्रीन टेस्ट मे सफल रहे वाला प्रतिभागियन के तब पटना, बनारस, गोरखपुर, भा दिल्ली में आडिशन लिहल जाई आ अंतिम रुप से सफल रहल प्रतिभागी के कालिया में काम करे के मौका मिल जाई.

शिवराम यादव निर्देशित ‘रंगबाज’ में हैदर काजमी नायक का भूमिका में आ रानी चटर्जी नायिका के भूमिका में बाड़ी. बिहार के 50 से बेसी सिनेमाघर में एक साथ प्रदर्शित हो रहल ‘रंगबाज’ मौजूदा समय के सबले चर्चित भोजपुरी फिल्म ह जवना के सगरी बड़का निर्माता निर्देशक सराहत बाड़े. ई फिल्म भोजपुरी सिनेमा के प्रचार के तरीके बदल दिहले बा आ देखा दिहले बा कि भोजपुरीओ सिनेमा बड़की हिंदी फिलिमन के प्रचार का मामिला में टक्कर दे सकेला.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

2 Comments

  1. Ejaz

    must be bhojpuri blockbuster

  2. SUBHASH SAHNI

    I AM SUBHASH SAHNI VILL NARWARA DIST SHEOHAR

Submit a Comment