मनोज तिवारी – संगीता तिवारी के जोड़ी ‘इंसाफ’ में

by | Aug 20, 2011 | 0 comments

भोजपुरी मेगास्टार मनोज तिवारी ‘मृदुल’ आ खूबसूरत अदाकारा संगीता तिवारी के जोड़ी पहिला बेर निर्माता अभय सिन्हा के फिल्म ‘इंसाफ’ में पहिला बेर बनल बा. यशी फिल्म्स प्रा॰लि॰ का बैनर में बनत एह फिल्म के निर्देशक अजय श्रीवास्तव हउवें. फिल्म में पति पत्नी बनल मनोज तिवारी आ संगीता तिवारी पर एक से बढ़कर एक सुपरहिट गाना आ सीन फिल्मावल गइल बा.

पारिवारिक विषयवस्तु पर बनल एह फिल्म में सुपरस्टार पवन सिंह, क्रिशा खण्डेलवाल, उर्वशी चौधरी, अवंतिका, सिद्धार्थ रॉय, रवि उज्जैन, प्रिया पाण्डेय, संतोष श्रीवास्तव, दीपक सिन्हा, अनुप अरोडा व गजेन्द्र चौहान के प्रमुख भूमिका बा. गीतकार अशोक कुमार दीप, विनय बिहारी आ संगीतकार अशोक कुमार दीप हउवे.

फिल्म में सीमा सिंह एगो आयटम गीत में नजर अइहे. कैमरामैन शकील अंसारी, कथा-पटकथा अजय श्रीवास्तव, संवाद मनोज कुशवाहा, नृत्य राम देवन, कानू मुखर्जी, व पप्पू खन्ना, एक्शन शकील शेख, कला विजय दास आ कार्यकारी निर्माता अंजनीकांत श्रीवास्तव हउवे.

फिल्म निर्माता अभय सिन्हा “इंसाफ” से पहिले भोजपुरिया परदा खातिर ‘‘बंधन टूटे ना”, “प्यार के बंधन’’, ‘‘धरती कहे पुकार के’’, “राजा ठाकुर’’, ‘‘जनम-जनम के साथ’’, “हम बाहुबली’’ आ ‘‘रणभूमि’’ जइसन फिलिम बना चुकल बाड़न.
फिल्म दुर्गा पूजा का समय रिलीज होखी.


(स्रोत – प्रशांत-निशांत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up