मौसम जात जात करवट फेर दिहलसि
-

जाड़ा के मौसम जात जात काल्हु से करवट फेर दिहले बा. बिहार यूपी में करीब करीब हर जगहा काल्हु से रहि रहि के बरखा बूनी पड़त बा आ तेज हवा का चलते फेर से जाड़ लवटि आइल बा. कई जगहा ओलो गिरला के खबर बा, अररिया में अढ़ाई अढ़ाई सौ ग्राम के ओला पड़ला के खबर बा जवना से बहुते कच्चा घर धराशायी हो गइल बा. यूपी का सिद्धार्थ नगर में करीब आध घंटा ले ओला पड़ला के खबर बा. खेतिहर खातिर ई बरखा फायदा आ नुकसान दुनु दी. गेंहू वाला के फायदा होखी त दलहन तिलहन सब्जी वालन के नुकसान.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts