‘‘संईया अरब गइले ना’’ के मुहूर्त

त्रिलोक चित्र मंदिर अपना भोजपुरी फिल्म ‘‘संईया अरब गइले ना’’ के भव्य मुहूर्त पिछला दिने जुहू का फोर सीजन्स होटल में शानदार तरीका से करवलें. विक्रांत सिंह आ प्रिया शर्मा के मुख्य जोड़ीवाली एह फिलिम के खलनायक बाड़े संजय पाण्डेय. निर्माता अजीत श्रीवास्तव आ निर्देशक यशवंत सिंह ‘यश’ हउवें.

कार्यकारी निर्माता विक्की श्रीवास्तव आ सह-निर्माता ज्ञानेन्द्र सिंह, शशांक श्रीवास्तव अउर आर. के सिंह हउवन. मोनिका सिंह के लिखल कहानी आ पटकथा पर संवाद लिखले बाड़न सजेन्द्र लाल यादव ‘‘लालजी’’.

ई फिल्म गाँव के एगो अइसन नौजवान के कहानी ह जे जइसा को तंइसा का तर्ज पर इंसाफ करे-करावे के हिमायती ह. सत्यवादी बाप के बेटा यथार्थवादी विचारवाला हवे. कॉलेज में ओकर मुलाकात एगो लड़िकी से होत बा जवना के कुछ लड़िका तंग करत बाड़े सँ. ओह लड़िकी के मदद करत-करत ओकरा पतो नइखे चलत आ ऊ ओकरा प्यार बंधन में बन्हा जात बा. विक्रांत-प्रिया के ई प्रेम कहानी एक्शन से भरपूर बा आ जल्दिये फ्लोर पर जाये वाली बा.


(स्रोत : प्रशांत निशांत)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।