रीता प्रकाश के अनाम भोजपुरी फिल्म के संगीतमय मुहूर्त

निर्माता रीता प्रकाश के शिव प्रिया फिल्म्स प्रोडक्शन का बैनर में बने जात भोजपुरी फिल्म ‘प्रोक्डक्शन नं. 1’ (जबले नाम नइखे धरात तबले ) के संगीतमय मुहूर्त बहुते धूमधाम से पिछला दिने मुंबई म्हाडा के सना रिकार्डिंग स्टूडियो में करावल गइल.

सूरेश कुमार ‘सनकी’ के संगीत निर्देशन में फिल्म के आठ गो गाना कुमार सानू, उदित नारायण, सुरेश वाडेकर, अनुराधा पौडवाल, पामेला जैन, इंदु सोनाली, रेखा राव, विनोद राठौर अउर साधना का आवाज में रिकार्ड करावल गइल.

एह फिल्म के निर्देशक पारस एन. सिंह, कथा-गीतकार जलाल अकबर, पटकथा-संवाद लेखक बी.बी. मौजी आ कैमरामैन जी.डी. शर्मा हउवे. फिल्म के कलाकारन के अबही ले चुनल नइखे गइल आ चुने के काम चालू बा. एह महिला प्रधान फिल्म में समाज में पसरल अंधविश्वास देखावल जाई आ एकर शूटिंग अगिला महीना से बनारस में शुरु होखे वाला बा.

फिल्म के संगीत मुहूर्त का मौका पर बनारस के वरिष्ठ पत्रकार रामशंकर सिंह आ अनेके गणमान्य लोग मौजूद रहे.


(समरजीत सिंह के रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।