टटका खबर, सोमार, १३ फरवरी २०१२

by | Feb 14, 2012 | 0 comments

बिहार

  • मई में होखे वाला निकाय चुनाव खातिर पच्चीस जनवरी के प्रकाशित मतदाता सूची का आधार पर मतदान करावल जाई. वार्डवार मतदाता सूची इकइस फरवरी ले बना लिहल जाई.
  • सिवान के बड़हिया सीट से विधायक जदयू के श्यामबहादुर सिंह एगो केस का सिलसिला में अदालत में समर्पण कर दिहले जवना का बाद उनुका के जमानतो मिल गइल.
  • छपरा के जेपी विश्वविद्यालय के सीनेट के बइठका में आजु अगिला साल खातिर दू सौ बयासी करोड़ रुपिया से बेसी के घाटा के बजट पास कर दिहल गइल.

उत्तर प्रदेश

  • तिसरका दौर के चुनाव वाला इलाकन में प्रचार के काम आजु से बन्द हो गइल. एह इलाकन में पन्द्रह फरवरी के वोट डालल जाई. एह दौर में छत्रपति शाहू जी महाराज नगर, सुल्तानपुर, कौशाम्बी, इलाहाबाद, जौनपुर, चन्दौली, वाराणसी, संतरविदास नगर, मिर्जापुर आ सोनभद्र जिला के छप्पन सीट के चुनाव होई.
  • रायबरेली के जिलाधिकारी अमृता सोनी के तबादल सीतापुर में आ सीतापुर के जिलाधिकारी अजय कुमार शुक्ला के तबादला रायबरेली में कर दिहल गइल बा. एकरा अलावे अमेठी के अपर जिलाधिकारी मुन्नीलाल पाण्डेय के लखनऊ में उप भूमि व्ववस्था का पद पर भेज दिहल गइल बा.
  • छठवाँ दौर के चुनाव खातिर नाम वापसी का बाद तेरह जिला में पसरल अड़सठ सीट खातिर छह सौ से अधिका उम्मीदवार मैदान में रह गइल बाड़े.
  • सतवाँ दौर के चुनाव खातिर परचा भरे के आजु आखिरी दिन रहुवे. एह दौर में दस जिला के साठ सीट पर मतदान करावल जाई.
  • गाजीपुर आ बलिया में आजु दिन भर बदरी छपले रहल आ हलुका बरखो भइल जवना का बाद तापमान में अचके में गिरावट आ गइल बा. गाजीपुर से ओला पड़लो के खबर बा.

देश

  • नई दिल्ली में आजु उपरि बेरा इजरायली दूतावास का नियरा एगो कार में विस्फोट भइला से एगो इजरायली राजनयिक समेत चार लोग घवाहिल हो गइल. इजरायल के कहना बा कि हमला ओकरा दूतावास के निशाना बनावत कइल गइल रहुवे. भारत सरकार एह मामिला के तफतीश में हर संभव काम करे के भरोसा दिहले बिया आ जाँच के हर प्रगति का बारे में इजरायल के बतावल जात रही.
  • सुप्रीम कोर्ट केन्द्र सरकार से पूछले बावे कि मुख्य न्यायाधीश रहल आ मौजूदा राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग प्रमुख के. जी. बालाकृष्णन का खिलाफ कथित रूप से आमदनी से बेसी के संपत्ति होखे के आरोप के जाँच करावल गइल बा कि ना. उनुका पर चालीस करोड़ रुपिया के संपत्ति बनावे के आरोप लगावल बा.
  • गोवा विधानसभा चुनाव खातिर परचा दाखिल करे के आजु आखिरी दिन रहल. काल्हु एह परचन के जाँच कइल जाई आ सोलह फरवरी ले लोग नाम वापस ले सकी.
  • सलमान खुर्शीद पर चुनाव आयोग का शिकायत का बाद कांग्रेस अब आदर्श आचार संहिता पर बहस करावे के माँग कइले बिया.

दुनिया

  • भारत आ जार्जिया में अपना राजनयिकन पर भइल हमला खातिर इजरायल ईरान आ हिजबुल्लाह के दोषी ठहरवले बा.
  • पाकिस्तान के सुप्रीम कोर्ट प्रधानमंत्री युसुफ रजा गिलानी पर अवमानना के आरोप लगा दिहलसि आ अगिला सुनवाई खातिर २२ फरवरी तय कइलसि. गिलानी अबहियो अपना के बेगुनाह बतावत बाड़न.

बिजनेस

  • सी. बी. आई. निदेशक ए पी सिंह कहलन कि विदेशी बैंकन में सबले बेसी धन भारत के लोगन के बा. एह बैंकन में भारतीयन के करीब पाँच खरब डालर धन जमा बा.
  • मुम्बई शेयर बाजार के सूचकांक आजु २४ अंक बढ़के बंद भइल. रुपिया में डालर का मुकाबले तेइस पैसा के मजबूती आइल. सोना के दाम सत्तर रुपिया घटल.

खेल

  • भारतीय क्रिकेट नियंत्रण बोर्ड आई सी सी के शीर्ष प्रबंधन के पुनर्गठन से जुड़ल लार्ड वुल्फ के सिफारिशन के खारिज कर दिहलसि. बाकिर ओह सिफारिशन के खुलासा नइखे कइल गइल.
  • सौरव घोषाल शिकागो में भइल विंडी सिटी ओपन स्क्वाश टूर्नामेंट जीत लिहलन. फाइनल में उनुका आ पाकिस्तान के यासिर बट्ट का बीच खेल भइल रहुवे.
  • तिकोनिया एकदिना क्रिकेट शृंखला में काल्हु मंगल का दिने भारत आ श्रीलंका का बीच मैच होखी. श्रीलंका आपन दुनु मुकाबला हार चुकल बा जबकि भारत तीन में से दु गो मैच जीतले बावे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up