"धरती गगन के प्रीत" का खिलाफ धर्मेन्द्र सिंह

हर तरह के भूमिका सहजे कर के कवनो किरदार में जान डाल देबे वाला सशक्त अभिनेता धर्मेन्द्र सिंह के कवनो जवाब नइखे. अभिनेता धर्मेन्द्र सिंह अपना नयका फिल्म “धरती गगन के प्रीत” के शूटिंग पूरा कर लिहलन. एकर निर्माता रंजू शर्मा आ निर्देशक रमा शंकर हउवें. एह निर्माणाधीन फ़िल्म में धर्मेन्द्र सिंह खलनायक के दमदार भूमिका निभवले बाड़न. सेट पर मौजूद हर शख्स धर्मेन्द्र सिंह के अदाकारी पर वाहवाह कर उठल.

जल्दिए प्रदर्शित होके वाली फ़िल्म “बुलंदी” ओ में धर्मे्न्द्र के अभिनय साबित कर देखवले बा कि कलाकार खातिर कवनो भूमिका मुश्किल ना होखे. धर्मेन्द्र सिंह के आवे वाली दोसरा फिलिमन में मनोज श्रीपति झा निर्देशित “चुन्नू बाबु सिंगापुरी” आ ” कोठा” शामिल बाड़ी सँ.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..