मनोज गुंजन संजय के तिकड़ी बावे यादव पान भण्डार में

रिकार्ड पर रिकार्ड बनावे में माहिर निर्माता जितेश दुबे के नयका फिल्म “यादव पान भण्डार” में भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी, नंबर वन खलनायक संजय पाण्डे आ कंचन काया गुंजन पंत के तिकड़ी हंगामा बरपावे जा रहल बा. ई तिकड़ी पहिला बेर कवनो फिल्म में एक साथे नजर आई. श्रीकृष्णा क्रियेशन्स का बैनर में बनल आ अजय कुमार निर्देशित “यादव पान भण्डार” में एगो पान विक्रेता के जिनिगी देखावल गइल बा. एक से बढ़ के एक वास्तविक आ खूबसूरत लोकेशन पर शूट भइल एह फिल्म के गानो कमाल के बाड़ी सँ. एक्शन आ रोमांस से भरल रहला का बावजूद एह फिल्म के पारिवारिक बनावल गइल बा. एह फिल्म में दीपक दुबे, बृजेश त्रिपाठी आ सीमो सिंह के मुख्य किरदार बा. गित श्याम देहाती के, संगीत मधुकर आनन्द के आ एक्शन शकील शेख के बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।