कांग्रेस के पूर्ण अधिवेशन दिल्ली में

अखिल भारतीय कांग्रेस के ८३ वाँ पूर्ण अधिवेशन आजु से दिल्ली में शुरु हो रहल बा जवना में शामिल होखे खातिर कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी, प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह, महासचिव राहुल गाँधी समेत कांग्रेस के तमाम नेता दिल्ली चहुँप गइल बाड़े. बतावल जा रहल बा कि एह अधिवेशन में खास कर के हिन्दू आतंकवाद पर चरचा होखी आ पार्टी हिन्दुत्ववादियन का खिलाफ खुला मुहिम चलावे के शुरुआत करी. हो सकेला कि भ्रष्टाचारो पर थोड़ बहुत बहस विचार हो जाव. इहो कहल जा रहल बा कि हिन्दू आतंकवाद के चरचा अमेरिकी राजदूत से करे का बाद राहुल गाँधी पर लाग रहल आरोपन के जवाब ऊ एहिजा देस.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।