नहला पर कल्पना के दहला

भारत जइसन दैश में जहाँ अरब से बेसी के आबादी बा. अनगिनत भाषा आ बहुते संगीत धारा बहेला, ओहिजा एगो मनसायन करे वालन का भीड़ में अलगा नजर आवे खातिर खास गुण के जरुरत होला. सौभाग्य से भोजपुरी कल्पना का लगे एकर बोरा के बोरा बा.

आजु का दिन में भोजपुरी के सबले लोकप्रिय कलाकारन में से एक कल्पना पर बरीस २००२ में लोग के धेयान गइल जब उनकर अलबम, “गवना ले जा राजाजी” रिलीज भइल. ओकरा बाद से त कल्पना के लोकप्रियता हमेशा बढ़ते चलि गइल आ आजु ऊ घर घर में जानल पहिचानल नाम हो गइल बाड़ी. अबले कम से कम डेढ़ सौ भोजपुरी फिल्मी गाना, एक सौ हिन्दी फिल्मी गाना, चार सो से बेसी टीवी जिंगल रिकार्ड करवला का साथ साथ महुआ टीवी पर सुर संग्राम के दुनु सीजन आ कुछ अउरी टीवी शो पेश कर चुकल बाड़ी.

कल्पना के फेरु महुआ टीवी अपना नयका रियलिटी शो “नहले पे दहला” खातिर जज का तौर पर चुनले बा. एह शो में यूपी आ बिहार के नन्हका सुरवीर आपन कला देखइहें. आजु का जमाना में जब कला का साथ साथ लुको ओतने खास हो गइल बा, गायिका कल्पना आपन खास अन्दाज देखावे में कवनो कोर कसर नइखी छोड़े वाला. काहे कि शो के बाल बच्चन का साथे बापो महतारी लोग देखबे करी. कल्पना एह शो खातिर बहुते तइयारी में लागल बाड़ी कि बहुते जवान आ आधुनिक लागसु. नयका हेयर स्टाइल, नया पहिरावा, छिलल शरीर…. शायद कल्पना फिल्म के नायिको लोग के कम्पटीशन देबे जा रहल बाड़ी.

शो के कलाकार आठ से तेरह साल के बीच के उमिर के रहीहें. टीम यूपी आ बिहार में ना बाँट के लड़िका आ लड़िकी के टीम में बाँटल जाई. लड़कियन के टीम के उत्साह कल्पना बढ़इहें जबकि लड़िकन के टीम के उत्साह पवन सिंह. कल्पना के कहना बा कि ऊ लड़कियन के उत्साहित करे खातिर एहसे अउरी उत्साहित बाड़ी कि जब ऊ भोजपुरी गायन में अइली तब भोजपुरी में गायिका कमे रहली आ कहात रहे कि निमन घर के लड़की गाना ना गावेली सँ. कल्पना अपना शुरुआती दिन का बारे में बतावत कहली कि ऊ भजन, आधुनिका गीत, आ भड़कदार आयटमो गीत गा के देखा दिहली कि ई सब प्रोफेशनल बाति होला आ गायन लड़कियनो खातिर एगो बढ़िया प्रोफेसन बनि सकेला. कल्पना एह नया चलन के चला के बहुते खुश बाड़ी.

टीम के लड़कियन के चुनाव करे में कल्पना खुद पटना, लखनऊ, बनारस वगैरह गइली आ प्रतिभागियन के इनडोर आ आउटडोर चयन में शामिल रहली. आजुकाल्हु कल्पना भिखारी ठाकुर के संगीत धरोहर सम्हारे वाली एगो योजना में लागल बाड़ी जवना के संगीत टाइम्स म्यूजिक जारी करे वाला बा. एह अलबम से भोजपुरी के भुलात बिलात लोक संगीत सगरी दुनिया के सोझा आवे वाला बा.


(स्रोत – म्यूजिक बाक्स)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।