उद्धव ठाकरे के मनावे ला मातोश्री पहुँचले अमित शाह

मुंबई, 06 जून (वार्ता) काल्हु रात करीब पौने आठ बजे भारतीय जनता पार्टी के अध्यक्ष अमित शाह शिव सेना अध्यक्ष उद्धव ठाकरे से भेंट करे ला पश्चिमी उप नगर बान्द्रा में उद्धव का घरे मातोश्री चहुँपले. दुनु जने एहिजा देर ले बातचीत कइलें जवना में बाद में मुख्यमंत्री फणनवीस आ उद्धव के बेटा आदित्यो ठाकरे शामिल हो गइल लोग. एह मुलाकात का बाद कवनो गोल का तरफ के कवनो बयान जारी ना भइल.
अमित शाह एह घरी राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन के मजबूत करे ला “समर्थन के लिए संपर्क” अभियान का तहत खास खास लोग से भेंट करत बाड़ें आ एही क्रम में ठाकरे परिवारे से भेंटकरे आइल रहलें.
जाने जोग बा कि शिवसेना आ भाजपा केन्द्र आ महाराष्ट्र में सरकार चलावे ला साथे रहला का बावजूद आपस में शिकवा शिकायत ले के चलत बाड़ें आ कई मौका पर शिवसेना सार्वजनिक रुप से भाजपा आ मोदी का खिलाफ बयानबाजी करत रहेले.
हालही में भइल पालघर लोकसभा सीट के उप चुनाव में दुनु गोल अपने में भिड़ल रहुवे आ भाजपा के जीत का बाद शिवसेना के रुख अउरी खराब हो गइल रहुवे. शिवसंना त इहाँ ले एलान कर चुकल बिया कि 2019 के लोकसभा चुनाव शिवसेना अकेले लड़ी.
बाकिर आजु के मुलाकात से पहिले एगो मराठी टीवी चैनल पर अमित शाह दावा कइलन कि दू हतार उनइसे ना चौबिसो के चुनाव मिलिए के लड़ब जा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..