‘‘गंगा जमुना सरस्वती’’ के फर्स्ट लुक जारी भइल
-

ढेर दिन से जवना फिलिम के भोजपुरिया दर्शक बेसब्री से इंतजार करत बाड़ें ओह फिल्म ‘‘गंगा जमुना सरस्वती’’ के फर्स्ट लुक जारी कर दिहल गइल बा. एह फिलिम में पहिला बेर मनोज तिवारी, रवि किशन, निरहुआ तीनो स्टार आ पाखी हेगडे, रानी चटर्जी आ रिंकू घोष काम कइले बा लोग. मशहूर निर्माता आलोक कुमार के एह फिल्म में भोजपुरी के तीनो स्टार पहिला बेर एक साथे काम कइले बाड़ें.

हैरी फर्नांडिज का निर्देशन में बनल एह फिलिम के १५ अगस्त का दिने रिलीज कइल जाई. एह फिलिम के लेके भोजपुरी सिनेमा जगत बहुते उमेद लगा के बइठल बा.

‘‘गंगा जमुना सरस्वती’’ से पाखी, रानी आ रिंकू धमाल मचा के राख दीहें

सिनेमा भोजपुरी के तीन गो बड़की अभिनेत्री, पाखी हेगड़े, रानी चटर्जी आ रिंकू घोष, पहिला बेर एक संगे नजर आवे वाली बाड़ी. एह फिलिम ‘‘गंगा जमुना सरस्वती’’ से तीनो धमाल मचावे के तइयार बाड़ी आ अपना मदमस्त अदा से ई लोग दर्शकन के दिवाना बना के राख दी.

एह फिल्म में मनोज तिवारी संगे रिंकू घोष के, रविकिशन संगे रानी चटर्जी के आ निरहुआ संगे पाखी हेगडे के जोड़ी बनावल गइल बा. रविकिशन एह फिलिम में ‘‘तोहर लहंगा उठा देब रिमोट से’’ गाना पर ठूमका लगावत लउकीहें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

1 Comment

  1. BRIJESH K RAM

    i want to become a artist of bhojpuri film i am a good writer so i want to sameone give me one chance i can ivest some money in the flim thankyou

    my mob-08826186958 call me

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts