गया पहुंचली गुजन पंत

भोजपुरी सिनेमा के हॉट क्वीन गुंजन पंत पिछला दिने बिहार के गया जिले से लवटला का बाद कहत बाड़ी कि बिहार जइसन प्रदेश नइखी देखले. एहिजा के लोग बहुते मिलनसार होला. गुंजन पंत बिहार के गया जिला में अपना फिल्म ‘धूम मचईलऽ राजा जी’ के शूटिंग करे गइल रही. फिल्म में उनुकर नायक बाड़े लोक गायक छोटू छलिया. एह दुनु जने, छोटू छलिया आ गुंजन पंत, के केमिस्ट्री देखे लायक रहल. छोटू गुंजन पंत को खूब घुमवलन. लिट्टी चोखा, इमरती खिअवलन आ चना के सतुआ के लस्सी पिअवलन. गुंजन पंत के बहुते लाजवाब अउर यम्मी टेस्ट लागल एह सब के. कहली कि लिट्टी चोखा खातिर त अबहियो मुंह में पानी आवत बा.
‘धूम मचईलऽ राजा जी’ के निर्माता हउवें चुनमुन पंडित. जिनका ‘किसना कईलस कमाल’ जइसन सुपर डुपर हिट भोजपुरी फिल्म में गुंजन काम कर चुकल बाड़ी. चुनमुन पंडित के कहना बा कि गुंजन पंत कमाल के एक्ट्रेस हई आ उनुका साथे बेफिकिर होके काम कइल जा सकेला. एहू फिलिम के शूटिंग बिना कवनो परेशानी पूरा हो गइल. एह फिल्म में गुंजन पंत के कई लुक देखे के मिली. बिल्कुल हॉट से लेके गाँव के सिधवा लड़िकी ले.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।