जौनपुर में बास्केटबाल प्रतियोगिता भइल

जौनपुर 02 नवम्बर (वार्ता) 53वीं उत्तर प्रदेश सीनियर बास्केटबाल प्रतियोगिता के पुरुष वर्ग के खिताब आर.डी.एस.ओ. आ महिला वर्ग के खिताब वाराणसी जीतलसि.

जौनपुर के टी डी कालेज के उमानाथ सिंह स्टेडियम मे शुक का साँझ खेलल गइल पुरुष वर्ग फाइनल मैच मे आर.डी.एस.ओ. डी.एल.डब्लू. के 82 65 से हरवलसि. आर.डी.एस.ओ. का ओर से अंकुर आनन्द 23 अंक आ विक्रम 16 अकं जोड़ले टीम का खाते. एह मैच से पहिले खेलल गइल मैच में एन ई आर यू पी पुलिस के 65 52 से हरा के तिसरका जगहा प आइल.

महिला वर्ग के फाइनल मुकाबला वाराणसी आ लखनउं के बीच भइल जवना में वाराणसी के टीम 54 24 से लखनऊ के हराके खिताब जीत लिहलसि.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..