बिहार के मेडिकल आ इंजीनियरिंग कोर्सन के दाखिला परीक्षा के परचा लीक

बिहार संयुक्त प्रवेश प्रतियोगिता परीक्षा परिषद के करावल मेडिकल अउर इंजीनियरिंग कोर्सन में दाखिला परीक्षा के परचा लीक हो जाए के खबर आइल बा. एही परीक्षा में बेगूसराय के तीन गो परीक्षार्थियन के गिरफ्तार क लीहल गइल. ई लोग वाट्सएप्प के सहारे नकल करत धराइल रहुवे. एकरो जाँच होखत बा कि ई लोग मोबाइल का साथे घुस कइसे गइल.
तीनो बेतिया के हउवें.

बिहार सरकार 9वीं के परीक्षा बिहार विद्यालय परीक्षा समिति से करावे के फैसला कइले बिया आ एकरा के पास कइला का बादे मैट्रिक के फार्म भर सकीहें परीक्षार्थी. 9वीं के परीक्षा में 15 लाख से अधिका परीक्षार्थियन के शामिल होखे के उम्मीद बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।