बिहार भोजपुरी अकादमी मनोज तिवारी के सम्मान दिहलसि

ManojTiwari-awarded-at-Patnaपिछला दिने पटना में भइल बिहार भोजपुरी अकादमी के अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी महोत्सव में भोजपुरी भाषा के बढ़ावा देबे ला भोजपुरी मेगास्टार मनोज तिवारी के सम्मानित कइल गइल. मनोज तिवारी के सम्मान दिहलन बिहार के राज्यपाल डी.वाई. पाटिल जे एह कार्यक्रम के उद्घाटन कइलन.

एह अवसर पर इकइस लोग के सम्मानित कइल गइल जवना में विदेशो के भोजपुरिया लोग शामिल रहल. कार्यक्रम में शामिल होखे मॉरीशस, इंग्लैण्ड, ओमान, नेपाल, सिंगापुर आ आस्ट्रेलियो से प्रतिनिधि आइल रहलें.

एह समारोह में मनोज तिवारी जब आइल लोगन के ठेठ भोजपुरी में प्रणाम करत कहलन कि गोड़ लाग तानी त देश विदेश से आइल तमाम भोजपुरिया लोग ढेर देर ले ताली बजावल. एह कार्यक्रम में मनोज तिवारी मारीशस से आइल मशहूर गायिका होसिला देवी रिसोल संगे सांस्कृतिक संगम बहवलवें आ अपना मधुर कंठ से स्वर के गंगा बहा दिहलें. कहलन कि एह अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी महोत्सव से उनुका जइसन भोजपुरियन के जोड़ल वाकई उनुका लाग गर्व के बात बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।