रवि किशन – बादशाहत कायम रहल एहू साल

ravikishanसिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार आ हिंदी सिनेमा में भोजपुरी के इकलौता चेहरा रवि किशन के बादशाहत साल बारहो में कायम रहल. एहू साल बाक्स आफिस पर सबले अधिका फिलिम रवि किशन के रहल. साथही छोटका परदा, हिंदी सिनेमा आ मराठी सिनेमा समेत मनरंजन के हर क्षेत्र में उनकर सिक्का मजगर चलल.

पिछला 20 बरीस से अभिनय के मैदान में जमल रवि किशन के ई उपलब्धिए कहल जाई कि एह साल 2012 के पहिलका हिंदी आ भोजपुरी फिलिम उनुके रहल. हिंदी में पहिला रिलीज़ फिल्म रहल चालीस चौरासी जवना मे ऊ नसीरुद्दीन शाह, के . के . मेनन अउर अतुल कुलकर्णी संगे रहलन आ भोजपुरी के पहिलका रिलीज़ रहल “केहू हमसे जीत ना पाई” जवना में उनका साथे रिंकू घोष, सुशील सिंह, मनोज टाईगर , आ राजीव दिनकर रहले.

एह साल रिलीज़ भइल रवि किशन के अउरी खास फिलिमन में “जीना है तो ठोक डाल” , “डेंजरस इश्क”, “कइसन पियवा के चरित्तर बा”, “ज्वालामंडी” वगैरह रहल. छोटको परदा पर रवि किशन क जादू खूब चलल. सेलिब्रेटी डांस शो झलक दिखला जा में बढ़िया डांसर ना होखला का बावजूद दर्शकन के सपोर्ट से ऊ ढेर समय ले टिकल रहले. ई दर्शकने के सपोर्ट रहल कि बिग बॉस सीजन 1 में ऊ आखिर ले टिकल रहले जवना का बाद बिग बॉस में भोजपुरिया कलाकारन ला राह खुल गइल.

सिरिफ फिलिमे आ टीवीए ना रवि किशन एह साल सम्मानो समारोहन के शोभा बढ़वलन. मॉरिशस में भारत सरकार आ मॉरिशस सरकार के संयुक्त आयोजन वाला आप्रवासी भारतीय दिवस समारोह में उनुका के बतौर स्पीकर नेवतल रहे. इहे ना मॉरिशस सरकार के कला विभाग रवि किशन के भोजपुरिया महानायक आ भोजपुरी के भागीरथी पुरस्कार से नवजलसि. एहके अलावा विज्ञापन फिलिमन में रवि किशन क जादू बदस्तूर जारी बा.

अगिला साल 2013 में रवि किशन के आवे वाली फिलिमन में सन्नी देओल संगे “मोहल्ला अस्सी”, “इसक”, सैफ अली खान आ सोनाक्षी सिन्हा संगे “बुलेट राज”, संजय दत्त संगे “जिला गजियाबाद”, इरोज के “बजाते रहो”, यश राज के “मेरे डैडी की मारुती” के अलावा भोजपुरी में “धुरंधर”, “छपरा के प्रेम कहानी”, “प्रतिबन्ध”, विजयी भवः”, जीना तेरी गली में वगैरह शामिल रहीहे सँ.


(उदय भगत)

1 Comment

  1. suraj chaurasia

    hello sir,
    my self suraj chaurasia,i am from patna.
    i am a good actor.and looking good.sir hum rowa ke film me kaam kare man ba.ek mouka di ,hum bahut mehnat kari film me.

    thank you
    9386980342

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *