सुदीप पाण्डेय स्पीड में बाड़े


भोजपुरिया सिनेमा के एक्शन स्टार सुदीप पाण्डेय अब स्पीड पकड़ लिहले बाड़न. “भोजपुरिया भईया” फिल्म से कैरियर के धुरुआत करेवाला सुदीप पाण्डेय अब भोजपुरी सिनेमा में जम गइल बाड़न. उपर से महुआ टीवी पर देखावल जा रहल धारावाहिक “बिहार एक खोज” में सुदीप पाण्डेय के जबरदस्त टीआरपी मिल रहल बा. हालही में रिलीज उनकर फिल्म “नथुनिया पे गोली मारे” बिहार में जबरदस्त सफलता पवले बा आ अब निर्माता लोग के चहेता बन गइल बाड़न सुदीप पाण्डेय. हालही में सुदीप पाण्डेय तीन गो नया फिल्म साइन कइले बाड़न, निर्माता अजय सिंह आ निर्देशक शशि शेखर के “बंधन”, निर्देशक लकी साव के “जान की बाजी” आ निर्देशक दिनेश मिश्रा के “बसंत बहार”. एह फिल्मन में भोजपुरी के टॉप नायिका लोग बाड़ी. सुदीप पाण्डेय अभिनीत “कुर्बानी”, “मि॰टांगावाला” आ “प्यार करे ला हिम्मत चाही” बन के तइयार बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..