अंडरवर्ल्ड डॉन छोटा राजन के दावा – सरेंडर नइखीं कइले, भारत लवटल चाहत बानी
-

बीसन बरीस से देश से फरार चलत छोटा राजन नाम के डाॅन इंडोनेशिया के बाली में धरा गइला का बाद कहत बा कि ओकरा सरेंडर के झूठ अफवाह पसारल जात बा. कहलसि कि भारत लवटल चाहत बा ऊ. जाने जोग बा कि भारत के भंड़ुआ मीडिया दाउद के कबो मुसलमान डाॅन ना बतवलसि बाकिर छोटा राजन के हिन्दू डाॅन बतावे में तनिको देरी ना कइलसि. दिग्गी राजा जइसन नेतवन के लागत बा कि छोटका राजन के गिरफ्तारी का पीछे कुछ सउदेबाजियो भइल बा. असल में एह सेकूलरन के लागत बा कि छोटा राजन के गिरफ्तार भइला का बाद दाऊद इब्राहिम के गिरफ्तार होखे के चांस बढ़ गइल बा. पाकिस्तान त हाफिजो सईद के सुरक्षा बढ़ा दिहले बावे.

एही बीच मुंबई पुलिस दाऊद के खास गुर्गा रियाज भाटी के छत्रपति शिवाजी अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा से दू गो फर्जी पासपोर्टन का साथे गिरफ्तार क लिहले बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts