अनिल कुशवाहा के फिलिम ‘लहू के दो रंग’ बिहार में बढ़िया ओपनिंग लिहलसि
-

अनिल एंड अनिल फिलिम एंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल निर्माता अनिल कुशवाहा के फिलिम ‘लहू के दो रंग‘ बिहार आ झारखंड में बम्पर ओपनिंग लिहलसि. कई जगहा लोग टिकट का इंतजार में एक शो से दुसरका शो ले ठाढ़ रहल. बिहार के सबले बड़ पर्व छठ पूजा पर रिलीज होखला क बावजूद दर्शकन के भीड़ सिनेमाघरन में बनल रहल. बतावल जात बा कि पहिलके दू दिन में ई फिलिम 35 लाख रूपया के नेट कलेक्शन कइलसि. निर्माता अनिल कुशवाहा के जतना उमेद रहल ओहू ले बढ़िया बिजनेस कइलसि ई फिलिम. देखल जाव कि निर्देशक मंजुल ठाकुर के ई फिलिम कतना दिन ले आपन धमाल बनवले राखत बिया.


(संजय भूषण पटियाला)

2 Comments

  1. ranvijay

    bahoot hi kharab film hai lahoo ke do rang

    • admin

      Please do Bhojpuri Cinema a favour.. Write in detail your opinion about this film or any other Bhojpuri film. Every reader is welcome to send her/his opinion about any film (s)he sees.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..