इण्डियन प्रीमियर लीग 4 – एक नजर में
-

चेन्नई सुपर किग्स आपन सुपिरियोरिटी साबित कर दिहलन

काल्हु चेपक का मैदान में चेन्नई सुपर किंग्स आपन धमाकेदार शुरुआत कइलस. पहिले त मुरली विजय आ माइक हुसे १५९ रन के जोड़ीदारी खेल दिहले. आ बाद में जब हुसे आउट हो गइलन तबो मुरली विजय आपन शानदार बल्लेबाजी का सहारे सुपर किंग्स के २०५ रन के पहाड़ खड़ा करे में आपन बड़हन योगदान दिहलन. एह पहाड़ के चैलेंज रॉयल चैलेंजर्स के क्रिस गेले ले सकत रहन बाकिर उनुका के तीसरके बाल पर कैच कर लिहलन धोनी आ रॉयल चैलेंजर्स एह चोट का बाद कबो उबर ना पवलसि. बाकिर माने के पड़ी बैंगलुरु टीम के जीवट के कि आखिर ले लड़त गइले. बैंगलुरु टीम आखिरकार ५८ रन से हार गइल आ चेन्नई सुपर किंग्स एहू साल के आईपीएल जीत लिहले. पिछलको चैम्पियन उहे रहले. जबकि बैंगलुरु टीम का साथे ई दुसरका बेर भइल जब ऊ फाइनल में चहुँप के हार गइले.

एकरा पहिले के मैच परिणाम

दुसरका क्वालिफायर मैच में क्रिस गेल के आन्ही का बल पर मुंबई इण्डियंस के तैंतालीस रन से हरा के रॉयल चैलैंजर्स बैंगलुरु फाइनल खातिर क्वालिफाई कर गइल. काल्हु मुंबई इण्डियंस के खेल संतोषजनक ना रहल आ कबो ना लागल कि ऊ रॉयल चैलेंजर्स के चैलेंज दे सकेला.

एलिमिनेटर मैच में हरभजन सिंह के छक्का पर मुंबई इण्डियंस कोलकाता नाइट राइडर्स पर चार विकेट से जीत दर्ज कर लिहलसि.

पहिलका क्वालिफायर मैच में सुरेश रैना के शानदार बल्लेबाजी का बदौलत महेन्द्र सिंह के कप्तानी वाला चेन्नई सुपर किंग्स रॉयल चैलैंजर्स बैंगलुरु के छह विकेट से हरा दिहले.

मैच 70 – मुंबई इण्डियंस कोलकाता नाइट राइडर्स के पाँच विकेट से हरवले.
मैच 69 – रॉयल चैलेंजर्स बैंगलुरु चेन्नई सुपर किंग्स के आठ विकेट से हरवलसि.
मैच 68 – पुणे वैरिर्स बनाम दिल्ली डेयर डेविल्स मैच तज दिहल गइल. दुनु के एक एक प्वायंट.
मैच 67 – डेक्कन चार्जर्स किंग्स इलेवन पंजाब के बयासी रन से हरवले.

मैच 66 – राजस्थान रॉयल्स मुंबई इण्डियंस के दस विकेट से हरवले.

मैच 65 – कोलकाता नाइट राइडर्स पुणे वैरियर्स के सात विकेट से हरवले.

मैच 64 – चेन्नई सुपर किंग्स कोच्चि टस्कर्स केरल के एगारह रन से हरा दिहले.

मैच 63 – किंग्स इलेवन पंजाब रॉयल चैलेंजर्स बैंगलुरु के एक सौ एगारह रन से हरा दिहले.

मैच 62 – डेक्कन चार्जर्स पुणे वैरियर्स के छह विकेट से हरवले.

मैच 61 – कोच्चि टस्कर्स केरल राजस्थान रॉयल्स के आठ विकेट से हरवले.

मैच 60 – किंग्स इलेवन पंजाब दिल्ली डेयरडेविल्स के उनतीस रन से हरवले.

मैच 59 – डेक्कन चार्जर्स मुबई इण्डियन्स के दस रन से हरा दिहले.

मैच 58 – रॉयल चैलेंजर्स बैंगलुरु कोलकाता नाइट राइडर्स के चार विकेट से हरवले.

मैच 57 – किंग्स इलेवन पंजाब कोच्चि टस्कर्स केरल के छह विकेट से हरवले.

मैच 56 – चेन्नई सुपर किंग्स दिल्ली डेयरडेविल्स के अठारह रन से हरा दिहले.

मैच 55 – रॉयल चैलेंजर्स बैंगलुरु राजस्थान रॉयल्स के नौ विकेट से हरवले.

मैच 54 – किंग्स इलेवन पंजाब मुंबई इण्डियंस के 76 रन से हरा दिहलसि.

मैच 53 – पुणे वैरियर्स डेक्कन चार्जर्स के छह विकेट से हरवले.

मैच 52 – चेन्नई सुपर किंग्स राजस्थान रॉयल्स के तिरसठ रन से हरा दिहले.

मैच 51 – पुणे वैरियर्स किंग्स इलेवन पंजाब के पाँच विकेट से हरा दिहलसि.

मैच 50 – रॉयल चैलेंजर्स बैंगलुरु कोच्चि टस्कर्स केरल के नौ विकेट से हरवलसि.

मैच 49 – मुंबई इण्डियंस दिल्ली डेयर डेविल्स के बत्तीस रन से हरवले.

मैच 48 – कोलकाता नाइट राइडर्स चेन्नई सुपर किंग्स के दस रन से हरा दिहले.

मैच 47 – रॉयल चैलेंजर्स बैंगलुरु किंग्स इलेवन पंजाब के पचासी रन से हरवले.

मैच 46 – दिल्ली डेयर डेविल्स डेक्कन चार्जर्स के चार विकेट से हरवले.

मैच 45 – कोच्चि टस्कर्स केरल कोलकाता नाइट राइडर्स के सतरह रन से हरा दिहले.

मैच 44 – मुंबई इण्डियंस पुणे वैरियर्स के इकइस रन से हरवलसि.

मैच 43 – चेन्नई सुपर किंग्स राजस्थान रॉयल्स के आठ विकेट से हरवलसि.

मैच 42 – कोलकाता नाइट राइडर्स डेक्कन चार्जर्स के बीस रन से हरा दिहलें.

मैच 41 – कोच्चि टस्कर्स केरल दिल्ली डेयरडेविल्स के सात विकेट से हरवलसि.

मैच 40 – मुंबई इण्डियंस किंग्स इलेवन पंजाब के तेईस रन से हरवलसि.

मैच 39 – चेनन्ई सुपर किंग्स डेक्कन चार्जर्स के 19 रन से हरवलें.

मैच 38 – राजस्थान रॉयल्स पुणे वैरियर्स के छह विकेट से हरा दिहलें.

मैच 37 – कोलकाता नाइट राइडर्स किंग्स इलेवन पंजाब के आठ विकेट से हरवलसि.

मैच 36 – दिल्ली डेयरडेविल्स कोच्चि टस्कर्स के अड़तीस रन से हरा दिहले.

मैच 35 – रॉयल चैलेंजर्स बैंगलुरु पुणे वैरियर्स के छब्बीस रन से हरा दिहलसि.

मैच 34 – राजस्थान रॉयल्स मुंबई इण्डियन्स के सात विकेट से हरवलसि.

मैच 33 – कोलकाता नाइट राइडर्स दिल्ली डेयर डेविल्स के सतरह रन से हरा दिहले.

मैच 32 – डेक्कन चार्जर्स कोच्चि टस्कर्स केरल के पचपन रन से हरा दिहले.

मैच 31 – चेन्नई सुपर किंग्स पुणे वैरियर्स के आठ विकेट से हरवले.

मैच 30 – रॉयल चैलेंजर्स बैंगलुरु दिल्ली डेयरडेविल्स के तीन विकेट से हरा दिहलसि.

मैच 29 – चेन्नई सुपर किंग्स बनाम पुणे वैरियर्स के पचीस रन से हरा दिहलसि.

मैच 28 – राजस्थान रायल्स कोच्चि टस्कर्स केरल के आठ विकेट से हरा दिहले.

मैच 27 – मुंबई इण्डियंस डेक्कन चार्जर्स के 37 रन से हरवले.

मैच 26 – दिल्ली डेयरडेविल्स किंग्स इलेवन पंजाब के २९ रन से हरवलसि.

मैच 25 – मुंबई इण्डियंस चेन्नई सुपर किंग्स के आठ रन से हरा दिहलसि.

मैच 24 – रॉयल चैलेंजर्स बैंलुरु कोलकाता नाइट राइडर्स के नौ विकेट से हरा दिहलसि

मैच 23 – किंग्स इलेवन पंजाब राजस्थान रॉयल्स के 48 रन से हरा दिहलें.

मैच 22 – कोच्चि टस्कर्स केरल कोलकाता नाइट राइडर्स के 6 रन से हरा दिहलसि.

मैच 21 – मुंबई इण्डियंस पुणे वैरियर्स के सात विकेट से हरा दिहलें.

मैच 20 – रॉयल चैलेंजर्स बैंगलुरु बनाम राजस्थान रॉयल्स मैच बरखा का चलते ना भइल.

मैच 19 – डेक्कन चार्जर्स दिल्ली डेयर डेविल्स के 16 रन से हरा दिहलें.

मैच 18 – कोच्चि टस्कर्स केरल चेन्नई सुपर के डकवर्थ लुइस नियम का सहारे सात विकेट से हरवलसि.

मैच 17 – कोलकाता नाइट राइडर्स राजस्थान रॉयल्स के 8 विकेट से हरवलसि.

मैच 16 – दिल्ली डेयरडेविल्स कोच्चि टस्कर्स केरल के तीन विकेट से हरवलसि.

मैच 15 – किंग्स इलेवन डेक्कन चार्जर्स के 8 विकेट से हरवले.

मैच 14 – चेन्नई सुपर किंग्स रॉयल चैलेंजर्स बैंगलुरु के 21 रन से हरवले.

मैच 13 – कोच्चि टस्कर्स केरल मुंबई इण्डियंस के 8 विकेट से हरवलसि.

मैच 12 – कोलकाता नाईट राइडर्स राजस्थान रायल्स के 9 विकेट से हरवलसि.

मैच 11 – डेक्कन चार्जर्स बनाम रायल चैलेंजर्स बैंगलुरु के तैंतीस रन से हरा दिहलसि.

मैच 10 – पुणे वैरियर्स कोच्चि टस्कर्स केरल के चार विकेट से हरवलसि.

मैच 9 – किंग्स इलेवन पंजाब चेन्नई सुपर किंग्स के छह विकेट से हरवलसि.

मैच 8 – राजस्थान रायल्स दिल्ली डेयर डेविल्स के छह विकेट से हरा दिहलसि.

मैच 7 – मुंबई इण्डियंस रायल चैलेंजर्स बैंगलुरु के नौ विकेट से हरवलसि.

मैच 6 – कोलकाता नाइट राइडर्स डेक्कन चार्जर्स के सात रन से हरवलसि.

मैच 5 – पुणे वैरिर्स किंग्स इलेवन पंजाब के सात विकेट से हरवले.

मैच 4 – मुंबई इण्डियंस दिल्ली डेयर डेविल्स के आठ विकेट से हरवले.

मैच 3 – रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु कोची टस्कर्स करल के छह विकेट से हरवलसि.

मैच 2 – राजस्थान रॉयल्स डेक्कन चार्जर्स के आठ विकेट से हरवलसि.

मैच 1 – चेन्नई सुपर किंग्स कोलकाता नाइट राइडर्स के दू रन से हरवलसि.

अंक तालिका 22 मई तक भइल मैच का आधार पर

टीम खेलले जीतले हरले बरोबर/ना-खेला अंक रन रेट
रॉयल चैलेंजर्स बैंगलुरु 14 9 4 1 19 +0.326
चेन्नई सुपर किंग्स 14 9 5 0 18 +0.443
मुंबई इण्डियंस 14 9 5 0 18 +0.040
कोलकाता नाइट राइडर्स 14 8 6 0 16 +0.433
किंग्स इलेवन पंजाब 14 7 7 0 14 -0.051
राजस्थान रॉयल 14 6 7 1 13 -0.619
डेक्कन चार्जर्स 14 6 8 0 12 -0.222
कोची टस्कर्स केरल 14 6 7 0 12 -0.214
पुणे वैरियर्स 14 4 9 1 9 -0.134
दिल्ली डेयरडेविल्स 14 4 9 1 8 -0.448
टीम खेलले जीतले हरले बरोबर अंक रन रेट

नेट रन रेट निकाले के तरीका

नेट रन रेट एकदिना क्रिकेट टुर्नामेंट में टाई ब्रेकर खातिर इस्तेमाल कइल जाला. पहिला नजर में अझुराह बुझाये वाला ई गणना असल में बहुते आसान होला. बस एक बेर तनी समुझ लेबे के पड़ी.

कवनो टीम ओह टूर्नामेंट का अपना हर मैच में कुल मिला के जतना रन बनवले होखे ओकरा के कुल ओवर से भाग दीं. जवन अंक आई तवन ओह टीम के अपना खातिर बनावल रन रेट होखी.

अब ओह टीम का खिलाफ खेले वाला सगरी टीम के कुल रन मिला के ओकरा से कुल ओवर से भाग दीं. जवन अंक आइल तवन ओह टीम का खिलाफ वाला रन रेट भइल.

अब एह बाद वाला रन रेट के पहिला वाला रन रेट से घटा दीं. जवन अंक मिलल तवने नेट रन रेट भइल.

बाकिर एगो सावधानी राखे के पड़ी. मान लीं कि कवनो टीम तीसे ओवर पर आउट हो गइल त कतना ओवर गिनल जाई ? पूरा ओवर. हिसाब जोड़े खातिर मानल जाला कि टीम पूरा ओवर खेललसि.

दोसर सावधानी डकवर्थ लुइस पैमाना खातिर. अगर मैच डकवर्थ लुइस गणना पर तय भइल त दुनु टीम के बराबर स्कोर मानल जाई. अगर मैच के फैसला कुछ पहिले तय हो गइल त पहिला टीम के रन में एक रन कम मानल जाई आ ओवर औतना गिनल जाई जतना दोसरका टीम के खेले के मिलल रहे.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..