ओपनिंग के बादशाह हउवन निरहुआ
-

भोजपुरी सिनेमा के बादशाह कहाये वाला सुपरस्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के केहु सानी नइखे. निरहुआ अकेला स्टार हउवन जिनकर हर फिल्म शानदार ओपनिंग लेला. निरहुआ के पहिलका फिल्म “चलत मुसाफिर मोह लियो रे” शानदार ओपनिंग कलेक्शन बिटोरले रहे. बात चाहे “हो गइल बा प्यार ओढ़निया वाली से” का बारे में होखो जे मुंबई में अबले के सबले बड़ हिट फिल्म हवे भा “निरहुआ रिक्शावाला, कहाँ जइब राजा नजरिया लड़ाई के, श्रीमान ड्राइवर बाबू, रंगीला बाबू, निरहुआ चलल ससुराल, लागल रहा ए राजाजी, दिवाना, प्रेम के रोग भइल, हो गइनी दिवाना तोहरे प्यार में, दाग, सात सहेलियाँ, शिवा, आखिरी रास्ता, आ दिलजले” में से कवनो फिल्म का बारे में होखो, निरहुआ के हर फिल्म शानदार ओपनिंग लिहले बिया. निरहुआ के नामे सफलता के सौ फीसदी गारंटी मानल जाले. आ ई बात हालही में रिलीज फिल्म “दुश्मनी” के मिलल शानदार सफलता से साबितो हो जात बा. फिल्म बिहार के करीब सत्तर सिनेमाघरन में रिकार्ड तोड़ ओपनिंग का साथे रिलीज भइल. ट्रेड पंडितन के मानी त जवन दिवानगी राजेश खन्ना, अमिताभ बच्चन, रजनी कांत भा शाहरुख खान, आमिर खान, सलमान खान वगैरह का साथे देखल जाला वइसने दिवानगी निरहुओ खातिर दर्शकन में मौजूद बा. फिल्म के शानदार ओपनिंग से फिल्म के लागत जल्दी वसूल हो जाले आ निर्माता वितरक प्रदर्शक सगरी लोग सेफ हो जाला. अतने ना अगर फिल्म बढ़िया रहल त पचासा, सैकड़ा, सिल्वर जुबिली वगैरहो मनावे के गारंटी होले. “दुश्मनी” के मिलल सफलता इहे देखावत बा कि निरहुआ खातिर दर्शकन के दिवानगी दिन पर दिन बढ़ले जात बा.

बधाई निरहुआ !


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

1 Comment

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts