खबर भोजपुरी में (शनिचर, 17 जनवरी 2015)
-

(शुक, 16 जनवरी के खबर)
Shazia_Ilmi_BJP

  • शुक का दिने आम आदमी पार्टी के बड़का नेतन में शामिल शाजिया इल्‍मी भारतीय जनता पार्टी में शामिल हो गइली. भाजपा अध्‍यक्ष अमित शाह से भेंट कइला का बाद मीडिया से बतियावत में इल्‍मी कहली कि उनकर मन चुनाव लड़े के नइखे बाकिर पार्टी के फैसला मनीहें. शुके का दिने संगीतकार आ फिल्‍म निर्देशक आनंद राज आनंदो भाजपा में शामिल हो गइलन.
  • दिल्‍ली विधानसभा चुनाव खातिर अपना उम्मीदवारन के आखिरी सूची कांग्रेस जारी कर दिहलसि जबकि भाजपा के सूची के कवनो अता पता नइखे. कांग्रेस नई दिल्‍ली सीट से किरण वालिया के मैदान में उतरले बिया. एहीजे से अरविंद केजरीवाल चुनाव लड़तारें.
  • सूचना और प्रसारण राज्‍यमंत्री कर्नल राज्‍यवर्धन सिंह राठौड़ कहलन कि डेरा सच्‍चा सौदा प्रमुख गुरमीत राम रहीम सिंह के फिलिम ‘मैसेंजर ऑफ गॉड’ का बारे में कवनो तरह के दबाव सेंसर बोर्ड पर ना रहुवे. पिछला दिने सेंसर बोर्ड के अध्‍यक्षा लीला सैमसन दबाव के आरोप लगावत इस्तीफा दे दिहले रही. जान जाईं कि एह बोर्ड के गठन पिछला यूपीए सरकार कइले रहुवे आ पीके फिलिम ले के बोर्ड के बहुत आलोचना भइल रहे बाकिर तब लीला सैमसन एह तरह के कवनो लीला ना देखवले रही.
  • शुक के अधरतिया से पेट्रोल के दाम में 2 रूपिया 42 पइसा आ डीजल के दाम में 2 रूपिया 25 पइसा के कमी हर लीटर पर कर दिहल जाई. ई कमी 16-17 तारीख के बीच रात से लागू होखी.
  • देश में खाद्य भण्‍डारन के बढ़िया इंतजाम सुनिश्चित करे खातिर शुक का दिने आर्थिक मामलन के मंत्रिमंडलीय समिति केन्‍द्रीय पूल में खाद्यान्‍न भण्‍डारण के मापदण्‍ड में संशोधन के मंजूरी दे दिहलसि. अब भारतीय खाद्य निगम के 1 जुलाई से शुरू दुसरका तिमाही में चार करोड़ ग्‍यारह लाख बीस हजार टन के भण्‍डार बनावे के बा जान पिछला बेर से करीब 1 करोड़ टन अधिका बा. एही तरह तिसरका तिमाही में 1 अक्‍टूबर के तीन करोड़ सात लाख सत्‍तर हजार टन खाद्यान्‍न का भण्‍डार बनावे के बा जवन पिछला साल से करीब डेढ़ा रही. बाकिर 1 अप्रैल से शुरू पहिला तिमाही में पिछला साल से तनिका कमे दू करोड़ दस लाख चालीस हजार के भण्‍डार बनावे के बा.
  • देश में एफ. एम. रेडियो के तिसरका चरण के नीलामी करे के केंद्रीय मंत्रिमंडल मंजूरी दे दिहलसि. 69 गो शहर में 135 चैनल के लाइसेंस नीलामी का आधार पर दिहल जाई. एह नीलामी से राजस्व में साढ़े पांच सौ करोड़ रूपिया मिले के उमेद बा.
  • काल्हु के जोरद‌ार बढ़त का बाद शुक का दिने शेयर बाजार फेरू चढ़ के बंद भइल. शुरुआत मुनाफा वसूली का चलते गिरावट से भइल बाकिर बाजार तुरते चढ़े लागल आ आखिर में सेंसेक्स 46 अंक आ निफ्टी 20 अंक बढ़ के बंद भइल. रुपिया में डालर के मुकाबले 19 पइसा के मजबूती आइल. सोना चांदी के दाम बढ़ गइल.
  • सिडनी में तिकोनिया क्रिकेट सीरीज के पहिला मैच में मेजबान ऑस्ट्रेलिया तीन विकेट से इंग्लैंड के हरा दिहलसि. अगिला मैच अतवार का दिने भारत आ ऑस्‍ट्रेलिया के बीच मेलबर्न में खेलल जाई.
  • सिडनी में सानिया मिर्जा और बेथानी माटेक सैंड्स एपिया इंटरनेशनल टेनिस टूर्नामेंट के महिला डबल्‍स खिताब जीत लिहली लोग. सानिया आ बेथानी के जोड़ी के एह साल के ई पहिला आ करियरके 23वां खिताब रहल.
  • यूपी के सगरी मण्डलायुक्त, जिलाधिकारी आ पुलिस प्रमुख लोग के तहसील दिवस छोड़ रोज सबेरे दस बजे से बारह बजे ले अपना कार्यालय में हाजिर रहत जनता के शिकायत सुने के कहल गइल बा. सगरी शिकायत के एगो पंजी में दर्ज कइल जाई आ ओकर निवारण के जानकारी शिकायत करे वाला के देबे के कहल गइल बा.
  • यूपी विधान परिषद के 12 गो सीट के दुबरसा चुनाव खातिर 13 जने मैदान में बाड़े एहसे चुनाव करावल जरूरी हो गइल बा. सपा के 8 गो, बसपा के 3 गो आ भाजपा के 2 गो उम्मीदवार मैदान में बाड़े. कांग्रेस चुनाव से बाहर रहे के फैसला कइले बिया बाकिर ओकर विधायक का करीहें से चुनाव का दिने देखे के मिली.
  • दू तीन दिन घाम निकलला का बाद शुक का दिने फेरू पूर्वांचल में शीतलहर के दौर लवट आइल बा.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से मिले खातिर शुक का दिने दिल्ली रवाना हो गइलें. 20 जनवरी के ऊ प्रधानमंत्री से भेंट क के बिहार के बारे में बात करीहें. एने एह बात के ले के राजनीति में अलगे चरचा शुरू बा आ एकर राजनीतिक निहितार्थ निकालल जात बा.
  • शंकर बिगहा नरसंहार के आरोपियन के बरी हो गइला से नाराज भाकपा माले के बंद के थोड़ बहुत असर जहानाबाद आ अरवल में देखे के मिलल.
  • सासाराम सदर अस्पताल के कैदी वार्ड से एगो विचाराधीन कैदी भाग गइल बा.
  • सिवान जिला के मैरवा में उत्पाद विभाग के टीम फुलवरिया तितरा गांव में एगो गैरकानूनी मिनी शराब फैक्टरी पर छापा मरलसि.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..