खून कइला का बाद लाश दियरा में फेंक गइलें सँ
-

(प्रतीक फोटो)


गुठनी, 18 अप्रैल. सिवान जिला के ग्यासपुर गांव में एगो नवही के गरदन रेतल लाश दियरा में गेहूं का खेत में फेंकल मिलल बा. ओकर पहचान ग्यासपुर के भीम राजभर के बेटा धीरज का रुप में भइल बा. जे पिछला कई दिन से लापता रहुवे. मंगल का भोरे केहू फोन क के बतावल त लोग जा के देखल. लाश के हड्डिए भर बाचल रहल आ कपड़ा से पहचान भइल.
गांव वालन के कहना बा कि गांवे के कुछ शराब कारोबारी ओकर जान लिहले बाड़ें काहे कि कुछ दिन पहिले ओकरा के ओहनिए का साथे देखल गइल रहुवे. बाकिर थानाध्यक्ष के कहना बा कि केहू कुछ लिखित नइखे दिहले आ पुलिस एकर छानबीन करत बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts