गोसाईंपुर में लागल आगि से तीन जने के मौत

जौनपुर जिला के सराय ख्वाजा इलाका के गोसाईंपुर गाँव में आजु एगो घर में आग लाग गइल, एह हादसा में ओह घर के तीन जने के जरला से मौत हो गइल. बतावल जात बा कि लकड़ी के चूल्हा पर खाना बनावत घरी उड़ल चिंगारी से छप्पर में आग लाग गइली. मरे वालन में एगो औरत आ ओकर लड़िका लड़िकी शामिल रहले. तीनो के मौत ओहिजे हो गइल.

0 Comments

Recent Posts